भारत स्वतंत्रता दिवस

स्वतंत्रता दिवस भा आजादी दिवस, हर बरिस 15 अगस्त के भारत मे मनावल जाये वाला राष्ट्रीय परब हवे। अंग्रेजी शासन से 15 अगस्त 1947 के मिलल आजादी के सालाना बरसी आ यादगार के रूप मे ई दिवस मनावल जाला। भारत के अंग्रेजी राज से आजादी एगो लमहर लड़ाई आ आंदोलन के बाद मिलल। आजादी के एह आंदोलन मे अहिंसक प्रतिरोध आ सबिनय अवज्ञाँ के भूमिका उल्लेख जोग रहल आ भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस एह आंदोलन के मुख्य अगुआई करे वाला दल रहल। आजादी के साथे-साथ भारत के बखरो लागल आ तत्कालीन भारतीय ब्रिटिश राज, भारत आ पाकिस्तान, दू बखरा मे बँटा गइल। एह बँटवारा मे बहुते बेसी हिंसा आ लूटपाट के घटनो भइल आ लमसम 150 लाख लोग एह दौरान हिंसा के शिकार भइल। 15 अगस्त 1947 के, जवाहरलाल नेहरू, जे ओहि दिने भारत के पहिला परधानमंत्री बनल रहलें, लाल किला के लाहौरी गेट पर तिरंगा झंडा फहरवलें। एकरा बाद से अबले हर स्वतंत्रता दिवस पर एही जा तिरंगा फहरावल जाला आ प्रधानमंत्री लाल किला से देस के अपना भाषण में संबोधित करे लें।

स्वतंत्रता दिवस
The national flag of India hoisted on a wall adorned with domes and minarets.
लाल किला पर फहरावल तिरंगा, एह दिन सरकारी दफ्तर आ इस्कूल सभ के बिल्डिंग पर झंडा फहरावल देखल जा सके ला।
मनावे वालाभारत स्वतंत्रता दिवस भारत
प्रकारराष्ट्रीय परब-तिहुआर
मनावे के तरीकाझंडा फहरावल, लालकिला से प्रधानमंत्री के भाषण; परेड, प्रभात फेरी, आ बिबिध सांस्कृतिक कार्यक्रम
समय15 अगस्त 1947
केतना बेरसालाना

पूरा भारत में ई छुट्टी के दिन होला आ झंडा फहरावल जाला, परेड होला, प्रभात फेरी निकले ले, आ बिबिध किसिम के सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित कइल जालें। एह छुट्टी के दिने इस्कूल आ सरकारी दफ्तर सभ में मिठाई बाँटल जाले लेकिन कवनो पढ़ाई या दफ्तर के काम ना होला।

देस में एह दिन बिसेस सुरक्षा के इंतजाम भी कइल जाला।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

जवाहरलाल नेहरूतिरंगाब्रिटिश राजभारतभारत के आजादी के लड़ाईभारत के परधानमंत्रीलाल किला

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

छतरपुर मंदिरयूरोप के संस्कृतिभाबरफ्रांसीसी क्रांतिअलकनंदाअज्ञेयस्कार्लेट जोहानसनबाबा नागार्जुनबरखाक्रिस गेलवेदकुँवर सिंहम्यूजियमहिमाचल प्रदेशभिखारी ठाकुरइंस्टाग्रामभारतीय जनता पार्टीओरिएंटल स्टडीज़फासीवादतंजानियाकैनबराडैनी डेनियल्सकरीना कपूरमेहराबमहाराष्ट्ररजनीकांतगंगा नदी बेसिनपोर्नोग्राफीइकोलॉजीसलमान खानगूगल क्रोममांसपेशीग्रहकिरिबातीढोला-सदिया पुलपूर्वांचल एक्सप्रेसवेकृष्णा सोबतीनिजाम सागरसउदी अरबभारतीय मसाला सभ के लिस्टगैलेक्सीभारतीय मानक समयक्लाइटोरिसलिंक्डइनजापानगंगोत्री हिमानीगुरु गोबिंद सिंहकोऑर्डिनेटेड यूनिवर्सल टाइममैक्सिकोरोममीटरमहात्मा गाँधीचीनीगाँवछपराहांगकांगप्रजातिभोजपुरी साहित्यसोशल मीडियाचंपाभारत के राज्य अउरी संघ राज्यक्षेत्रताराभोजपुरी खानाविद्यापतिकाल्डेराभरत शर्माआमआइजोलऔरंगजेबबुल्गारियावोल्गाब्रह्मांड🡆 More