अमेरिका

100°W / 40°N 100°W / 40; -100

यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका, (अंग्रेजी: United States of America) या बस अमेरिका की नाँव से परसिद्ध, उत्तर अमेरिका महादीप के एगो देस बा। एकर राजधानी वाशिंगटन डी॰सी॰ बा। अमेरिका एक ठो संबैधानिक फेडरल रिपब्लिक हवे जेह में 50 गो राज्य, एक ठो फेडरल डिस्ट्रिक्ट, पाँच गो प्रमुख खुदशासित राज्यक्षेत्र आ अन्य कई गो अधिकारक्षेत्र सामिल बाड़ें। पचास गो में से अड़तालीस राज्य एक साथ एकट्ठा बाने जिनहन से मुख्य भूमि बनल बा, कनाडा के दक्खिन आ मैक्सिको के उत्तर में ई अमेरिकी मुख्य भूमि स्थित बाटे। उत्तर अमेरिकी महादीप के उत्तरी पच्छिमी कोना पर अलास्का राज्य बा जेकर पूरबी सीमा कनाडा से बनल बा आ पच्छिम ओर बेरिंग जलजोड़ के ओह पार रूस से सीमा बने ला। प्रशांत महासागर के बीच में दीपसमूह के रूप में हवाई राज्य मौजूद बा। अन्य राज्य क्षेत्र सभ प्रशांत महासागर आ कैरीबियन सागर में मौजूद बाने। यूऍस के राज्यक्षेत्र कुल नौ ठो टाइम जोन में बिस्तार लिहले बाटे। देस के भूगोल, जलवायु आ जियाजंतु में बहुत ढेर बिबिधता बाटे।

यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका

United States of America
अमेरिका के झंडा
झंडा
{{{coat_alt}}}
ग्रेट सील (महान मोहर)
उत्तरी अमेरिका के नक्सा पर अमेरिका के हरियर रंग से देखावल गइल बा
यूएस के मुख्य भूमि, अलास्का आ हवाई
यूनाइटेड स्टेट्स आ एकर राज्यक्षेत्र
यूनाइटेड स्टेट्स आ एकर राज्यक्षेत्र
राजधानीवाशिंगटन डी॰सी॰
सभसे बड़ शहरन्यू यॉर्क शहर
40°43′N 74°00′W / 40.717°N 74.000°W / 40.717; -74.000
लोग कहालाअमेरिकी, अमरीकन
सरकारफेडरल, प्रेसिडेंशियल रिपब्लिक
• राष्ट्रपति
जो बिडेन
• उप राष्ट्रपति
कमला हैरिस
बिधायिकाकांग्रेस
• ऊपरी सदन
सीनेट
• निचला सदन
हाउस ऑफ रिप्रेसेंटेटिव
• घोषणापत्र
4 जुलाई 1776
• संबिधान
21 जून 1788
रकबा
• कुल रकबा
9,833,517 किमी2 (3,796,742 वर्ग मील) (3सरा/4था)
• जल (%)
6.97
• कुल जमीनी रकबा
9,147,593 किमी2
3,531,905 बर्ग मील
जनसंख्या
• 2016 अनुमान
323,625,762 (3सरा)
• 2010 जनगणना
309,349,689 (3सरा)
• Density
35/किमी2 (90.6/वर्ग मील) (180वां)
जीडीपी (पीपीपी)2016 अनुमान
• कुल
$18.558 ट्रिलियन (2सरा)
• प्रति ब्यक्ति
$57,220 (10वाँ)
जीडीपी (नॉमिनल)2016 अनुमान
• कुल
$18.558 ट्रिलियन (पहिला)
• Per capita
$57,220 (6वाँ)
गिनी (2013)40.8
medium
एचडीआइ (2014)Increase 0.915
very high · 8वाँ
करेंसीअमरीकन डॉलर ($) (USD)
टाइम जोन(यूटीसी−4 to −12, +10, +11)
• गर्मीं में (डीएसटी)
 (यूटीसी−4 to −10[d])
तारीख प्रारूपMM/DD/YYYY
ड्राइविंगदहिना[e]
कालिंग कोड+1
इंटरनेट टीएलडी.us   .gov   .mil   .edu

38 लाख बर्गमील (98 किमी2) रकबा आ 32 करोड़ जनसंख्या वाला ई देस दुनिया के चउथा सभसे बड़ देस इलाका के हिसाब से, आ तीसरा सबसे बड़ देस जनसंख्या के हिसाब से बा। जातीयता के दृष्टि से ई दुनिया के सभसे ढेर एथनिक बीबिधता वाला देस भी बा आ दुनिया के सभसे ढेर इमीग्रेंट लोग वाला देस भी बाटे। शहरीकरण, सन 2010 में 80% पहुँच गइल आ अभिन ले मेगारीजन के रूप में बिस्तार ले रहल बाटे। देस के राजधानी वाशिंगटन डीसी हवे आ सभसे बड़ शहर न्यूयार्क सिटी हऽ। पचास लाख से ढेर निवासी वाला एनी शहर सभ में लॉस एंजलिस, शिकागो, सैन फ्रांसिस्को, बोस्टन, डलास, फिलाडेल्फिया, ह्यूस्टन, मियामी, आ अटलांटा बाड़ें।

उत्तर अमेरिका में मनुष्य के आबादी कम से कम 15,000 साल पहिले भइल जब एशिया से मंगोलाइड प्रजाति के लोग इहाँ प्रवास क के पहुँचल। 16वीं सदी में यूरोपियन उपनिवेश बने सुरू भइल। वर्तमान युनाइटेड स्टेट्स के उत्पत्ती 13 ब्रिटिश उपनिवेश सभ से भइल जे पूरबी किनारा पर बसल रहलें। ग्रेट ब्रिटेन आ उपनिवेश सभ के बीच कई ठे बिबाद के कारण सात साला जुद्ध आ एकरे बाद अमेरिकी क्रांति भइल। 1775 में सुरू भइल अमेरिकी क्रांति के परिणाम के रूप में 4 जुलाई 1776 के तेरहो उपनिवेश सभ के प्रतिनिधि लोग आजादी के घोषणापत्र पर दसखत कइल, जबकि लड़ाई जारी रहल आ 1783 में ग्रेट ब्रिटेन द्वारा युनाइटेड स्टेट्स के आजादी स्वीकार कइल गइल। ई कौनों यूरोपियन उपनिवेश साम्राज्य के बिरुद्ध पहिला सफल लड़ाई रहल। वर्तमान संबिधान के 1788 में अंगीकार कइल गइल। पहिला दस गो संसोधन, जिनहन के बिल ऑफ राइट्स कहल जाला, 1791 में पास भइल आ मूल नागरिक आजादी के गारंटी भइल।

उत्तर अमेरिका में बिस्तार के कार्यक्रम पुरा 19वीं सदी भर जारी रहल आ अमेरिकन इंडियन जनजाति के लोग के बिस्थापन आ नया राज्यक्षेत्र के अधिग्रहण 1848 तक ले चलल जबले की ई पूरा महादीप ले बिस्तार वाला ना हो गइल। उनईसवीं सदी के बाद के आधा हिस्सा में, अमेरिकी सिविल वार एह देस में कानूनी दास प्रथा के खतम कइलस। एह सदी के अंत ले युनाइटेड स्टेट्स के सीमा प्रशांत महासागर ले चहुँप गइल आ एकर अर्थब्यवस्था, औद्योगिक क्रांति के नतीजा के रूप में तेजी से बढ़ल। स्पेनी-अमेरिकी जुद्ध आ पहिला बिस्व जुद्ध में ई देस बैस्विक मलेटरी ताकत के रूप में सोझा आइल। दुसरका बिस्व जुद्ध के बाद, परमाणु हथियार बनावे वाला पहिला देस, ए हथियार के इस्तेमाल करे वाला एकलौता देस आ युनाइटेड नेशंस सिक्योरिटी काउंसिल के स्थाई मेंबर के रूप में ई देसदुनिया में सुपरपावर के रूप में स्थापित हो गइल। 1991 में शीत जुद्ध के समापन के बाद जब सोवियत यूनियन के विघटन हो गइल, अमेरिका एकलौता सुपरपावर बचल।

युनाइटेड स्टेट्स एगो बहुत बिकसित देस बा, नॉमिनल जीडीपी के हिसाब से दुनिया के सभसे बड़ आ पीपीपी के हिसाब से दुनिया के दुसरा नंबर के अर्थब्यवस्था बाटे। समाजार्थिक परफार्मेंस के कई ठो माप के हिसाब से ई दुनियाँ में ऊपर के देसन में गिनल जाला। पोस्ट-इंडस्ट्रियल अर्थब्यवस्था होखले के कारण इहाँ सेवा क्षेत्र के बिस्तार आ ज्ञान आधारित अर्थब्यवस्था होखले के बावजूद इहाँ के मैन्यूफैक्चरिंग क्षेत्र दुनिया में दुसरा सभसे बड़ बाटे। इहाँ के जनसंख्या, पुरा दुनिया के जनसंख्या के खाली 4.3% बा बाकी ई दुनिया के जीडीपी के चउथाई हिस्सा वाला देस, आ दुनिया भर के मलेटरी खर्चा के एक तिहाई से ढेर खर्चा करे वाला देस बाटे जेकरा कारन ई दुनिया के सभसे आगे के अर्थब्यवस्था आ मलेटरी पावर बाटे। अमेरिका एक ठो परभावशाली सांस्कृतिक आ राजनीतिक ताकत बा आ बिज्ञान आ टेक्नोलॉजी के क्षेत्र में भी अगुआ ताकत के रूप में बिस्व में स्थापित बा।

इतिहास

मूलनिवासी आ यूरोपीय संपर्क

अमेरिका में बसे वाला सभसे पहिला लोग साइबेरिया से इहाँ आइल, बेरिंग थल जोड़ से हो के, अबसे कम से कम 15,000 पहिले, हालाँकि कि कुछ सबूत अउरी पहिले आवे के भी मिलल बाने। एह में से कुछेक, उदाहरण खातिर प्री-कोलंबियन मिसिसिपियाई संस्कृति के लोग, ऊँच दर्जा के खेती-किसानी के बिकास भी कइल, शानदार इमारत निर्माण के कला के भी, आ राज्य-स्तर के समाज के भी। जब स्पेनी बिजेता लोग इहाँ के लोग से पहिले-पहिल सम्पर्क में आइल, मूल निवासी लोग के जनसंख्या कई कारन से घटल, मुख्य रूप से छोटकी माता आ मीसल्स के बेमारी से। मूलनिवासी लोग के जनसंख्या में घटती के कौनों महत्वपूर्ण कारण यूरोपीय बिजेता लोग के साथ भइल हिंसा ना रहल, हालाँकि, आपस में आ यूरोपीय लोग के साथ संघर्ष में कई गो छोट समुदायन के नुक्सान भइल आ कई गो यूरोपीय कॉलोनी सभ के भी। हवाई दीपसमूह में, सभसे पहिले आ के बसे वाला लोग, पहिली सदी के आसपास के दौर में पॉलीनेशिया से आइल रहल। यूरोपीय लोग एह दीप पर पहिली बेर, ब्रिटिश खोजी कैप्टन जेम्स कुक के अगुआई में 1778 में आइल।

उपनिवेशीकरण के सुरुआती दौर में बहुत सारा यूरोपीय लोग के खाना के कमी, बेमारी आ मूलनिवासी अमेरिकी लोग के हमला के सामना करे के पड़ल। मूल अमेरिकी लोग अक्सरहा अपने बगल वाला दुसरा मूल नीवासी कबीला के साथ भी लड़ाई लड़े लोग आ एह में यूरोपीय लोग के भी सामिल करे। एह समय यूरोपीय आ मूल लोग आपस में निर्भर भी रहे। बाहर से जा के बसल यूरोपीय लोग खाना आ पालतू जानवरन कीने खातिर मूल लोग के साथ ब्यापार करे आ मूल निवासी लोग के बंदूक आ अन्य यूरोपीय सामान के जरूरत रहे। मूल निवासी लोग यूरोपियन लोग के सिखावल कि कहाँ, कब आ कवने तरीका से मक्का, बीन आ स्क्वाश के खेती कइल जाय। यूरोपीय मिशनरी लोग के बिचार रहे कि मूल निवासी लोग के "सभ्य" बनावल जाय आ ऊ लोग के यूरोपी तरीका से खेती आ बाकी जीवनशैली अपनावे के कहे।

यूरोपीय बस्ती

अमेरिका 
Saint Augustine, Florida, the oldest continuously occupied European-established settlement in the continental United States (1565)
अमेरिका 
The signing of the Mayflower Compact, 1620

जब स्पेन के सरकार सन 1492 में कोलंबस के नई दुनिया के खोज करे खातिर समुंद्री जतरा पर भेजलस, बाकियो कई यूरोपी देस एह काम के अनुसरण कइलें। स्पेन के लोग द्वारा पहिली यूरोपी आबादी फ्लोरिडा आ न्यूमैक्सिको में बसावल गइल, जइसे कि सैंट ऑगस्टीन। आ सांता फे। फ्रांसीसी लोग आपन आबादी मिसिसिपी नदी के सहारे बसावल। ब्रिटेन के सफल आबादी बसाव अमेरिका के पूरबी किनारा पर वर्जीनिया कालोनी के साथ 1620 में सुरू भइल। ब्रिटेन द्वारा जेम्सटाउन, पिलग्रिम्स आ प्लेमाउथ कालोनी बसावल गइल। इहाँ बसे वाला लोगन में काफी सारा लोग अइसन भी रहे जे अंग्रेज ईसाई समुदाय से रहल आ धार्मिक आजादी के खोज में अहिजा आ के बसल। एह महादीप के पहिला चुनाव द्वारा बनल बिधायिका सभा वर्जीनिया के हाउस ऑफ बर्जसिज़ रहल जे 1919 में अस्तित्व में आइल। मेफ्लावर नाँव के जहाज पर पिल्ग्रिम्स लोग द्वारा मेफ्लावर कॉम्पैक्ट पर 1920 में दस्खत भइल जे प्लेमाउथ कालोनी के शासन चलावे खातिर पहिला लिखल दस्तावेज बनल। साल 1939 में फंडामेंटल ऑर्डर्स ऑफ कनेक्टिकट स्थापित भइल जे शासन के संरचना आ बिधान के रूप रेखा तय कइल। एही सभ बिकास आगे चल के बाकी के सगरी कालोनी सभ में भइल।

एह कालोनी भा उपनिवेशन में आ के आबाद होखे वाला लोग में ज्यादातर लोग छोट किसान रहल, बाकिर कुछ अन्य उद्योग के बिकास भी अलग-अलग कालोनी सभ में एक्के दशक के भीतर अलग-अलग गति से होखे सुरू हो गइल। नकदी फसल (कैश क्रॉप) सभ में तमाकू, धान (चावल) आ गोहूँ रहल। फर (ऊनी बार) आ मछरी आ लकड़ी के कुंदा के उत्पादन भी सुरू भइल। मैन्यूफैक्चरिंग के क्षेत्र में रम (शराब) आ जहाज के निर्माण सुरू भइल, उपनिवेशी जुग के अंत ले चहुँपत समय अमेरिकी उपनिवेश (कालोनी) सभ में दुनिया के सातवाँ हिस्सा लोहा के उत्पादन होखे लागल रहल। पूरबी किनारा पर धीरे-धीरे सहर बसत गइलेन जे लोकल रूप से आर्थिक कामकाज के सपोर्ट करे आ ब्यापार-बानिज के धुरी बने के मकसद पूरा करे लगलें। अंग्रेज लोग के अलावा स्कॉटिश-आयरिश लोग के आगमन भी बढ़ल आ जब किनारा पर के जमीन महंग होखे सुरू भइल, पच्छिम के ओर बसाव सुरू हो गइल। पच्छिम के ओर बढ़े में आ जाके बसे में ऊ लोग रहे जे कुछ समय खातिर दास के रूप में या बँधुआ मजूरा के रूप में इहाँ यूरोप से आइल आ आपन मजूरी के समय पूरा होखे के बाद आजाद हो गइल रहे। अइसन लोग के इंडेंचर लेबर कहल जाला।

अंग्रेजी निजी स्वामी लोग द्वारा बड़हन पैमाना पर बँधुआ मजदूर (दास भा स्लेव) लोग के आगमन सुरू हो गइल। दक्खिन के तुलना में इहँवा दास (स्लेव) लोग के जिनगी के बचे के उमीद आ जीवन अवधि (लाइफ एक्स्पेक्टेन्सी) बढियाँ रहल काहें कि एह इलाका में घातक बेमारी सभ के परकोप कम रहे आ खाना-पानी आ इलाज के कुछ बेहतर सुबिधा मौजूद करावल गइल, एकरे चलते दास ब्यापार के बाढ़ आ गइल। उपनिवेशी समाज एह दास प्रथा के मुद्दा पर आपसे में बँटाइल रहे आ कई बेर एकरा पक्ष आ बिपक्ष में कानून पास भइलें। कुल के बावजूद अठारहवीं सदी के आवत-आवत अफ़्रीकी दास सभ इंडेंचर लेबर के रूप में आवे वाला लोग के संख्या के मामिला में पाछे छोड़ दिहलें आ कैश फसल सभ के काम खातिर, कम से कम दक्खिनी हिस्सा सभ में, अफिरकी दास लोग के इस्तमाल के बोलबाला हो गइल।

भूगोल

अमेरिका 
अमेरिका आ आसपास के इलाका के उपग्रह से लिहल चित्र

पूरा यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के कुल जमीनी रकबा 3,800,000 वर्ग मील (9,841,955 किमी2) बा, जेह में से मुख्य जमीनी हिस्सा, जेकरा अंग्रेजी में कांटाजियस अमेरिका कहल जाला, 2,959,064 वर्ग मील (7,663,940.6 किमी2) एरिया वाला बा। अलास्का, मुख्य जमीन से अलग बा, एकर रकबा 663,268 वर्ग मील (1,717,856.2 किमी2) बा आ ई इहाँ के सभसे बड़ राज्य हवे। हवाई, कई गो टापू सभ से मिल के बनल बा, प्रशांत महासागर में 10,931 वर्ग मील (28,311 किमी2) क्षेत्रफल वाला बा। प्यूर्टो रिको, अमेरिकन सामोआ, गुआम, उत्तरी मैरीना दीप, आ वर्जिन दीप में जेतना हिस्सा पर आबादी बा कु कुल 9,185 वर्ग मील (23,789 किमी2) रकबा वाला बा। अगर खाली जमीनी एरिया के तुलना कइल जाव, अमेरिका के पूरा दुनिया में तिसरा अस्थान बा आ रूस आ चीन भर एकरे से बड़हन बाड़ें जबकि एकरा से कुछ छोट कनाडा बाटे।

अमेरिका जमीनी आ पानी के क्षेत्र के एरिया के हिसाब से दुनिया भर में तिसरा चाहे चउथा नंबर पर बा, रूस आ कनाडा के बाद आ चीन देस से कुछ नीचे या ऊपर। Tएह रैंकिंग में बदलाव होखे के कारन बा भारत आ चीन के बीच के सीमा बिबाद आ अमेरिका के साइज के परिभाषित करे के तरीका में बदलाव। उदाहरण खातिर ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया अमेरिका के कुल रकबा 3,677,649 वर्ग मील (9,525,067 किमी2) देले काहें से कि ई समुंद्र किनारे के आ टेरिटरियल जलक्षेत्र के ना गिने ला। दि वल्ड फैक्टबुक, जे एह पानी वाला इलाका सभ के सामिल करे ले, 3,796,742 वर्ग मील (9,833,517 किमी2) एरिया बतावे ले।

अटलांटिक किनारा के तटीय मैदान आगे जाके पीडमॉन्ट के इलाका के लहरदार पहाड़ी इलाका आ पतझड़ वाला बन से मिले ला। अप्लेशियन परबत श्रेणी पूरब के समुंदरी किनारा वाला इलाका आ महान झील वाला इलाका के बिलग करे ले आ बीचा में पड़े ले। एही के पच्छिम ओ घास के मैदान भी बाड़ें जिनहन के मिडवेस्ट कहल जाला। मिसिसिप्पी आ मिसौरी नदी, दुनियाँ के चउथा सभसे लमहर नदी सिस्टम, मुख्य रूप से देस के बीचोबीच के हिस्सा में उत्तर से दक्खिन के ओर बहे लीं। एकरे पच्छिम में ग्रेट प्लेन्स के उपजाऊँ प्रेयरी इलाका पड़े ला आ दक्खिनपूरब में ई हाइलैंड इलाका से बाधित होला।

जनसंख्या

अमेरिकी जनगणना ब्यूरो के अनुमान (एस्टीमेट) के अनुसार 1 जुलाई 2017 के एह देस के कुल जनसँख्या 325,719,178 रहल, आ एह में 1 ब्यक्ति के बढ़ती (नेट) हर 13 सेकेंड पर, या लगभग 6,646 लोग रोज के हिसाब से बढ़ रहल बा। अमेरिका के जनसंख्या 20वीं सदी में लगभग चार गुना बढ़ल जब ई 76.2 मिलियन 1900 के जनसंख्या से 281.4 मिलियन 2000 के जनसंख्या भ गइल। चीन आ भारत के बाद ई तिसरा सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस बा, आ एकलौता अइसन उद्योगीकरण भइल देस बा जेकर जनसंख्या में अभिन भी भारी बढ़ती के प्रोजेक्शन कइल गइल बा।

इहो देखल जाय

नोट

संदर्भ

Tags:

अमेरिका इतिहासअमेरिका भूगोलअमेरिका जनसंख्याअमेरिका इहो देखल जायअमेरिका नोटअमेरिका संदर्भअमेरिकाभूगोलीय निर्देशांक सिस्टम

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

बस्ती भूगोलपुणेधर्मो रक्षति रक्षितःकलकत्ताहवाई फोटोग्राफीएकंगरसरायचौखंडी स्तूपशेक्सपियरमानव यौन गतिविधिगुरुद्वारा शीशगंज साहिबगेहुँअनऊटीसैम मानेकशॉसौर मंडलअमेरिका के नदी सभ के लिस्टदामोदर नदीमच्छरसचिन तेंदुलकरईसवी सनआंध्र प्रदेशगाजीपुरबेसनअफ़ग़ानिस्तानइलेक्ट्रॉन1965 के भारत-पाक युद्धबनारस कैंट रेलवे स्टेशनगोवामायारमजानशेर शाह सूरीपंकज त्रिपाठीशहरब्रह्मपुत्र नदीभारविअमरनाथ गुफा मंदिरएचटीटीपी कुकीसाओ फ़्रांसिस्को नदीमनुस्मृतिग्लेशियरझंडाजरथुस्त्रसंगमरमरऑक्सीजनताजिकिस्तानकबीरफोटोग्राफीलवंडा नाचक्लोरीनभोजपुरी लोकगीतमैंडारिन बत्तखअमेरिकाबबीना, उत्तर प्रदेशसदाबहारहजारी प्रसाद द्विवेदीमनी प्लांटमीता वशिष्ठसोनिया गांधीनर्मदा नदीधनगढीमांसपेशीबनारस हिंदू विश्वविद्यालयराजीव गांधीपोर्नोग्राफीहैदराबादकैलिफोर्नियाब्रह्मांडअबीरउत्तर प्रदेश पुलिसदुर्गाडीओआईमहाकालेश्वरकालीचरणसेक्स पोजीशन🡆 More