नेशनल पार्क

नेशनल पार्क (अंग्रेजी: national park) अइसन प्राकृतिक पार्क होला जे प्रकृति के संरक्षण (कंजर्वेशन) खातिर इस्तेमाल होखे ला आ नेशनल लेवल के सरकारन द्वारा सीमांकित आ सुरक्षित होखे ला। बहुधा ई प्राकृतिक, अर्ध-प्राकृतिक भा डेवलप कइल जमीन के हिस्सा होखे ला जेकरा के कौनों संप्रभु राष्ट्र संरक्षित आ सुरक्षित घोषित करे ला आ एकर मालिक होखे ला। अलग-अलग देसन में इनहन के घोषित करे के तरीका आ कानून अलग हो सके लें बाकी सभका में एगो कॉमन बात रहे ला: बन वाली प्रकृति (वाइल्ड नेचर) के बाद के पीढ़ी खातिर संरक्षण (कंजर्वेशन) आ एह काम के राष्ट्रिय गर्व के भावना के साथे कइल जाला।

नेशनल पार्क
Bogd Khan Uul National Park in Mongolia is one of the earliest preserved areas now called a national park.
नेशनल पार्क
National parks often allow protected species to flourish. Pictured are Alpine ibexes (Capra ibex) in the Gran Paradiso National Park, Piedmont, Italy. The Ibex population increased tenfold since the area was declared a national park in 1922.
नेशनल पार्क
Komodo National Park, East Nusa Tenggara, Indonesia.

यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका में पहिला पार्क जे अस्थापित कइल गइल, "पब्लिक पार्क भा मनोबिनोद-के मैदान के रूप में लोगन के लाभ आ एंज्वायमेंट खातिर", ई यलोस्टोन नेशनल पार्क रहे 1872 में। भले यलोस्टोन ऑफिशियल रूप से "नेशनल पार्क" के रूप में क़ानून द्वारा अस्थापित ना कइल गइल रहल, इस्तेमाल में हमेशा एही के पहिला आ सभसे पुरान नेशनल पार्क बतावल जाला। हालांकि, टोबागो मेन रिज फॉरेस्ट रिजर्व (जे अब त्रिनिदाद आ टोबैगो में बा; अस्थापित 1776), आ बोग्द खान उल्ल माउंटेन (मंगोलिया, 1778) पर खेतीबारी पर कानूनी रोक लागू कइल गइल रहे, इनहन के सभसे पुरान सुरक्षित (प्रोटेक्टेड) एरिया मानल जाला।

एगो इंटरनेशनल संस्था, अंतर्राष्ट्रीय प्रकृति संरक्षण संघ (आईयूसीएन) आ वल्ड कमीशन ऑन प्रोटेक्टेड एरियास (डब्लूसीपीए) मिल के "नेशनल पार्क" सभ के कटेगरी II के प्रोटेक्टेड एरिया घोषित करे लें। आईयूसीएन के मोताबिक साल 2006 में कुल 6,555 नेशनल पार्क के पैमाना पर सही उतरे वाला जगह दुनिया भर में रहलें। आईयूसीएन अभिन ले नेशनल पार्क घोषित करे के पैरामीटर सभ के बारे में चर्चा आ बातचीत क रहल बाटे।

नेशनल पार्क सभ लगभग हमेशा आवाजाही खातिर खुला रहे लें।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

बाबा धामकोलोरैडो नदीलार्ड कार्नवालिसशारदा नदीनाइट्रोजनसदाबहारलवंडा नाचमाउंट एवरेस्टसंज्ञा के भेदकृषि भूगोलतुंगभद्रा नदीशशिकांत गुप्ताआम आदमी पार्टीभिखारी ठाकुरदलितपेरियारमहाकालललित होटलपंकज त्रिपाठीब्राज़ीलमहादेवी वर्मासौर मंडलसिक्किमशाहाबाद जिलाफ्लोरिडारोमपुणेईरान2024सेंटीमीटरभारविबांग्लादेशउत्तर प्रदेशइजराइलराइन नदीखारा पानीग्लोबल वॉर्मिंगकुतुबनुमाभाबरमोबाइल फोननसीरुद्दीन शाहकाराकोरम दर्राभैरो बाबारजनीकांतसमाजलाल किलाछतरपुर मंदिरअबू धाबीमनी प्लांटकोष (जीवविज्ञान)ब्रह्मपुत्र नदीआजमगढ़ मंडलफ्रांसीसी क्रांतियांग्त्सी नदीकुचिपुड़ीमेहराबबकरीदकैलेंडरआर्मीनियाचीनीअज्ञेयईसवी सनजमुनादीपकाल बैसाखीतुर्कमेनिस्तानभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टपर्यावरण भूगोल🡆 More