काला सागर: यूरोप आ एशिया के बीचा में एगो सागर

काला सागर (अंग्रेजी: Black Sea; ब्लैक सी, शाब्दिक अरथ करिया सागर), भूमध्य सागर के एगो सीमांत सागर हवे जे यूरोप आ एशिया के बीचा में पड़े ला। ई बाल्कन के पूरुब में, पूरबी यूरोपीय मैदान के दक्खिन में आ दक्खिनी कॉकेशस आ अनातोलिया प्रायदीप के उत्तर में बाटे। एह में यूरोप के कई गो प्रमुख नदी गिरे लीं जइसे कि डेन्यूब, नीपर, नीस्टर आ डॉन नदी। एकरे तीरे पर छह गो देस बाड़ें हालाँकि एकर थाला जहाँ ले के पानी एह में आवे ला ऊ कई गो अउरी देसन में फइलल बाटे।

Black Sea
काला सागर: यूरोप आ एशिया के बीचा में एगो सागर
The location of the Black Sea
काला सागर: यूरोप आ एशिया के बीचा में एगो सागर
Map of the Black Sea with bathymetry and surrounding relief
लोकेशनEurope and Western Asia
निर्देशांक44°N 35°E / 44°N 35°E / 44; 35 35°E / 44°N 35°E / 44; 35
प्रकारSea
आगमDanube, Dnieper, Don, नीस्टर, Kuban
निकासBosporus
थाला के देसBulgaria, Georgia, Romania, Russia, Turkey, Ukraine
A large number of countries included in drainage basins for inflow rivers
अधिकतम लंबाई1,175 किमी (730 मील)
सतह क्षेत्र436,402 किमी2 (168,500 वर्ग मील)
औसत गहिराई1,253 मी (4,111 फीट)
अधिकतम गहिराई2,212 मी (7,257 फीट)
आयतन547,000 किमी3 (131,200 घन मील)

काला सागर के कुल रकबा 436,400 किमी2 (4.697×1012 वर्ग फु) बाटे (बिना अजोव सागर के शामिल कइले) आ एकर अधिकतम गहिराई 2,212 मी (7,257 फीट) बा, आ कुल आयतन 547,000 किमी3 (1.93×1016 घन फुट) बाटे। एकरे किनारे के जमीन के ओर बढे पर तेजी से ऊँचाई बढ़े ले। एकरा दक्खिन में पोंटिक पहाड़ी क्षेत्र बा, पूरुब में कॉकेशस परबत के इलाका बा आ उत्तर में क्राइमिया के पहाड़ी इलाका बाड़ें। पच्छिमी किनारा के ओर छोट खन निचाई वाला बाढ़ मैदान वाला हिस्सा हवे। उत्तर में ई अजोव सागर से कर्च के जलजोड़ से जुड़ल बा जहाँ से पानी हासिल करे ला। दक्खिनी-पच्छिमी ओर एक ठो पातर जलजोड़ बास्पोरस हवे जे एकरा के मारमरा सागर से जोड़े ला आ एह ओर पानी के निकास होखे ला; मारमरा सागर अंत में खुद दार्दानेल्स जलजोड़ द्वारा एजियन सागर से जुड़े ला जे भूमध्य सागर के एगो उत्तरी भुजा निअर हवे। एजियन सागर के गम्हीर आ बेसी खारा पानी नीचे निचे काला सागर में बहे ला आ ऊपरी हिस्सा में कम खारा आ हलुक पानी काला सागर से एजियन सागर में जाला।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीएशियाडेन्यूब नदीडॉन नदी (रूस)नीपर नदीनीस्टर नदीभूमध्य सागरयूरोप

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

शंकरगढ़भीमराव अंबेडकरहाजीपुरमिया खलीफाआगरापटना जंक्शनस्पून्स सेक्स पोजीशनमाहेश्वर सूत्ररैदासशाही पुलआदित्यनाथशेर शाह सूरीचिया सीड्सपंजाबी भाषाअज्ञेयगेहुँअनराहुल गांधीवोल्गाशंकरदेव1986प्रशांत महासागरसौर मंडलजमुनामानव प्रजातितेरह उपनिवेशबझांग जिलाबीजिंगइत् संज्ञाभतुआलखनिया दरी2023 आईपीएलजायसीजनसत्तानील नदीस्तनफ्रांसहिंदू पतरागौतम अडानीसागर दीपदक्कन पठारहावड़ा ब्रिजमाउंट एवरेस्टब्लॉगसमुंद्रबेल्जियमचंडीगढ़भरतनाट्यमफिनलैंडइंस्टाग्रामबाबा धामपटना कॉलेजभारतअहिंसागाजीपुर जिला16 अप्रैल25 दिसंबरसिपाही बुलबुलत्रिशूल (परबत)हांगकांगक्लोरीनशिवाजीशाहजहाँबैजंतीहीलियम2012इंडस्ट्रीगरमी (सीजन)ताजा पानीसुर्खेत जिला🡆 More