दिन

दिन, समय के नाप के इकाई के रूप में, लगभग ओह समय के बराबर होला जेतना देरी में पृथ्वी अपना धुरी पर एक चक्कर लगावे ले आ एकरे परिणाम के रूप में एक बेर सुरुज उगे से ले के डूबे आ रात भर के बाद अगिल दिने उगे से ठीक पहिले के बेर तक ले के समय लागे ला। दुसरे अरथ में, आम बोलचाल के भाषा में दिन के मतलब सुरुज उगे से ले के अस्त होखे तक ले के समय के कहल जाला, ई सीजन अनुसार घटत-बढ़त रहे ला।

ढेर तकनीकी रूप से, सुरुज के सापेक्ष पृथिवी के चक्कर के कुल 24 घंटा में बाँटल जाला आ इहे एक दिन के समय होला। तकनीकी रूप से एकर गणना बीच रात से ले के अगिला बीच रात ले के समय के रूप में होला; बीच रात मने कि रात के बारह बजे, जेकरा के तकनीकी रूप से 00.00 AM के रूप में परिभाषित कइल जाला। एह किसिम के परिभाषा अनुसार जवन समय होला ओकरा के सौर दिवस (सोलर डे) कहल जाला।

अउरी सूछम रूप से बिबेचना कइल जाय तब साइडेरियल दिन के गणना कइल जाला जे ज्योतिष आ खगोल शास्त्र में इस्तमाल होले। एक साइडेरियल दिन ठीक ओह समय के बराबर होला जेतना देर में पृथिवी अपना धुरी पर एक चक्कर लगावे ले। काहें से कि पृथ्वी साथे-साथ सुरुज के चक्कर भी लगावे ले, एकदम सटीक नाप तब हो पावे ला अगर बहुत दूर मौजूद तारा सभ (नक्षत्र) के सापेक्ष पृथ्वी के चक्कर के नापल जाय; एही से हिंदी में एकरा के नाक्षत्र दिवस भी कहल जाला।

संदर्भ

Tags:

पृथ्वीसुरुज

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

तिब्बत के पठारप्रतापगढ़ जिलानिचला सदनमीरा कुमारनवका यमुना पुलकैलिफोर्नियामहाराष्ट्रवाल्मीकि नेशनल पार्कमैनासंत रविदास नगर जिलामनुस्मृतिहनुमान चालीसाइत् संज्ञादुपहरियासामूहिक सेक्सपाकिस्तानभारत के राज्य अउरी संघ राज्यक्षेत्रपौधाकाजीरंगा नेशनल पार्कभतुआ पागआदित्यनाथसनातनीअमरकंटककनॉट प्लेस, नई दिल्लीरजनीकांतसौर मंडलस्तनमनोज तिवारीरोहतास जिलामहावीरभारतीय लोक संगीतअज्ञेयजनसंख्या भूगोलटॉरनैडोचंद्रमा आधारित कैलेंडरनाथबाबा मंदिरकालिदासऋचा पल्लोदमहावीर जयंतीडेनमार्कमैथ्यू अर्नाल्डमहादीपी शेल्फबिसुवत रेखालोकसभाकेसरिया रंगमाउंट एवरेस्टअनुकूलतम जनसंख्याचिया सीड्सबहरीनताजिकिस्तानबबीना, उत्तर प्रदेशलखनिया दरीऑक्सीजनभारतीय नेवीअनुच्छेद 370अलकनंदाहेरोडोटसभारत छोड़ो आंदोलनतारीखी शेरशाहीहिमालयनेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्टयूनानअमीर खुसरोशहरी भूगोलमहतारीजमुनासिंधु जल समझौताखसरास्पेनिश भाषाचौसा आमरामअमेजन नदी🡆 More