कनाडा: उत्तर अमेरिका में एगो देस

कनाडा या कैनेडा (अंग्रेजी:Canada) उत्तर अमेरिका महादीप में सभसे बड़हन आ बिस्व के दुसरा सभसे बड़ा देस बाटे। एकर दस गो प्रांत आ तीन गो राज्यक्षेत्र अटलांटिक महासागर से ले के प्रशांत महासागर ले आ उत्तर ओर आर्कटिक महासागर ले बिस्तार लिहले बाड़ें; ई कुल 9.98 मिलियन वर्ग किलोमीटर (3.85 मिलियन वर्ग मील) क्षेत्रफल के हिसाब से दुनिया के दुसरा सभसे बड़ देस बाटे। अमेरिका के साथे एकर दक्खिनी आ पच्छिमी सीमा 8,891 किलोमीटर (5,525 मील) के बाटे आ दुनिया के सभसे लमहर द्वि-राष्ट्रीय जमीनी सीमा बाटे। कनाडा के राजधानी ओटावा बाटे आ एकर तीन गो सभसे बड़ महानगरीय इलाका टोरंटो, मॉन्ट्रियल आ वैंकूवर बाड़ें।

Canada
Vertical triband (red, white, red) with a red maple leaf in the centre
झंडा
{{{coat_alt}}}
Royal coat of arms
मोटो: A Mari Usque Ad Mare  (लैटिन)
(भोजपुरी: "समुंदर से समुंदर ले")
राष्ट्रगान: "ओ कनाडा"


शाही राष्ट्रगान: "गॉड सेव दि क्वीन"
उत्तर अमेरिका के नक्शा पर कनाडा हरियर रंग से
राजधानीओटावा
45°24′N 75°40′W / 45.400°N 75.667°W / 45.400; -75.667
सभसे बड़ शहरटोरंटो
ऑफिशियल भाषा
  • अंग्रेजी
  • फ्रेंच
एथनिक ग्रुप
सरकारसंघीय संसदीय संबैधानिक राजतंत्र
• राजा (मोनार्क)
एलिजाबेथ II
• गवर्नर जनरल
मैरी सिमोन
• प्रधानमंत्री
जस्टिन ट्रूडो
आजादी 
• कन्फेडरेशन
1 जुलाई 1867
• वेस्टमिन्स्टर स्तैट्यूट
11 दिसंबर 1931
• अलगाव
17 अप्रैल 1982
रकबा
• कुल रकबा
9,984,670 किमी2 (3,855,100 वर्ग मील) (2सरा)
• जल (%)
8.92
• कुल जमीनी
9,093,507 किमी2 (3,511,023 वर्ग मील)
जनसंख्या
• 2016 जनगणना
35,151,728 (38वाँ)
• Density
3.92/किमी2 (10.2/वर्ग मील) (228वाँ)
जीडीपी (पीपीपी)2021 अनुमान
• कुल
Increase $2.027 trillion (15वाँ)
• प्रति ब्यक्ति
Increase $53,089 (24th)
जीडीपी (नॉमिनल)2021 अनुमान
• कुल
Increase $2.016 trillion (9वाँ)
• Per capita
Increase $52,791 (15वाँ)
गिनी (2018)कनाडा: उत्तर अमेरिका में एगो देस 30.3
medium
एचडीआइ (2019)Increase 0.929
very high · 16वाँ
करेंसीकनाडाई डालर ($) (CAD)
टाइम जोन(यूटीसी−3.5 to −8)
• गर्मीं में (डीएसटी)
 (यूटीसी−2.5 to −7)
तारीख प्रारूपyyyy-mm-dd (AD)
ड्राइविंगदहिने
कालिंग कोड+1
इंटरनेट टीएलडी.ca

हजारन साल से जवना इलाका में अब कनाडा बा, आदिवासी लोग (इंडीजिनस लोग) लगातार बसल रहल बा। 16वीं सदी से शुरू हो के ब्रिटिश आ फ्रांसीसी अभियान सभ एह इलाका में खोज कइल आ बाद में अटलांटिक तट के किनारे बस गइल। बिबिध सशस्त्र संघर्ष सभ के परिणाम के रूप में फ्रांस 1763 में उत्तरी अमेरिका में आपन लगभग सगरी उपनिवेश सभ के सौंप दिहलस। 1867 में, कन्फेडरेशन के माध्यम से तीन गो ब्रिटिश उत्तरी अमेरिकी उपनिवेश सभ के मिलन के साथ, कनाडा के गठन चार गो प्रांत सभ के संघीय डोमिनियन के रूप में भइल। एकरे बाद प्रांत आ इलाका सभ के बढ़ती आ यूनाइटेड किंगडम से स्वायत्तता बढ़ावे के प्रक्रिया शुरू भइल। एह बिस्तार वाला स्वायत्तता के वेस्टमिंस्टर के बिधान 1931 द्वारा रेखांकित कइल गइल आ एकर पराकाष्ठा कनाडा एक्ट 1982 में भइल जेह में यूनाइटेड किंगडम के संसद पर बचल-खुचल कानूनी निर्भरता के अवशेष के समाप्त क दिहल गइल।

कनाडा एगो संसदीय लोकतंत्र हवे आ वेस्टमिंस्टर परंपरा में एगो संवैधानिक राजतंत्र हवे। देश के सरकार के मुखिया प्रधानमंत्री होलें - जे चुनल गइल हाउस ऑफ कॉमन्स के बिस्वास हासिल करे के बाद, कमान संभाले के क्षमता के कारण एह पद पर नियुक्त होखे लें - आ इनहन लोग के नियुक्ति गवर्नर जनरल द्वारा कइल जाला, जे राजा के प्रतिनिधित्व करे लें, जे राज्य के मुखिया के रूप में काम करे लें। ई देश राष्ट्रमंडल क्षेत्र हवे आ संघीय स्तर पर आधिकारिक तौर पर दुभाषी (अंग्रेजी-फ्रेंच) बा। सरकारी पारदर्शिता, नागरिक स्वतंत्रता, जीवन के गुणवत्ता, आर्थिक स्वतंत्रता, आ शिक्षा के अंतर्राष्ट्रीय माप में ई सभसे ऊपर के कटेगरी में आवे ला। ई दुनिया के सभसे जातीय रूप से बिबिधता वाला आ बहुसांस्कृतिक देस सभ में से एक हवे, ई कई अन्य देस सभ से बड़हन पैमाना पर आप्रवासन के उपज हवे। अमेरिका के साथे कनाडा के लंबा आ जटिल संबंध के ओकर अर्थव्यवस्था आ संस्कृति पर काफी असर पड़ल बा|

एगो बहुत बिकसित देस, कनाडा के बिस्व स्तर पर 24वाँ सभसे ढेर नॉमिनल प्रति ब्यक्ति आय रैंकिंग, आ मानव बिकास सूचकांक में सोलहवाँ सभसे ढेर रैंकिंग बाटे। एकर उन्नत अर्थब्यवस्था दुनिया के आठवाँ सभसे बड़ अर्थब्यवस्था बाटे आ मुख्य रूप से एकरे भरपूर प्राकृतिक संसाधन आ बिकसित अंतर्राष्ट्रीय ब्यापार नेटवर्क सभ पर निर्भर बाटे। कनाडा कई गो प्रमुख अंतर्राष्ट्रीय आ अंतरसरकारी संस्थान भा समूह सभ के हिस्सा हवे जेह में संयुक्त राष्ट्र, नाटो, जी-7, दस के समूह, जी-20, आर्थिक सहयोग आ बिकास खातिर संगठन (OECD), बिस्व व्यापार संगठन (WTO) सामिल बाड़ें। इनहन के अलावा ई राष्ट्रमंडल, आर्कटिक परिषद, संगठन इंटरनेशनल डे ला फ्रेंकोफोनी, एशिया-प्रशांत आर्थिक सहयोग मंच, आ अमेरिकी राज्यन के संगठन के हिस्सा बाटे।

संदर्भ

Tags:

अटलांटिक महासागरअमेरिकाआर्कटिक महासागरउत्तर अमेरिकाओटावाटोरंटोप्रशांत महासागरमहादीपवैंकूवर

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

बोधगयागाँवयुगांडाबरफओप्पो इलेक्ट्रानिक्सग्लोबसमाजभारतीय नेवीचौसा आमएरोसोलयांग्त्सी नदीद्रौपदी मुर्मूआल्प्ससोनम कपूरजगदीप धनखड़आजमगढ़जमैकागोलार्धहिंदी भाषाधानबाड़मेर जिलाद्वारिकाधीश मंदिरभिखारी ठाकुरस्तनमहेंदर मिसिरमच्छरसंगीतवल्ड वाइड वेबलालू प्रसाद यादवबेरोजगारीउत्तर प्रदेश के नाचभारतीय शास्त्रीय भाषाललित निबंधराष्ट्रीय गीतरिसर्च मेथोडोलॉजीफोटोग्राफीरोमहैदराबादकुतुब मीनारहवा क्वालिटी इंडेक्सजोधपुर जिलाभूटानपड़रौनाकल्पना पटवारीबसंतपुर ब्लाक, सिवानजाह्नवी कपूरकालिदासमहाकालताजमहलभूगोलकूलरराकस तालमिया खलीफा1965 के भारत-पाक युद्धहावड़ा ब्रिजपुरुषार्थहवारजनीशकेसरिया रंगए. ओ. ह्यूमयूरोप के भूगोलसैम मानेकशॉपंकज त्रिपाठीशाहाबाद जिलाबिस्मिल्ला ख़ाँलैब्राडोर धाराकरीना कपूरसिवान जिलाभारतीय लोक संगीतजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीअलेक्जेंडर कनिंघमलेबनानडिज्नी+ हॉटस्टार🡆 More