पेट्रोलियम

पेट्रोलियम (अंग्रेजी: Petroleum; शाब्दिक अरथ: माटी के भा चट्टान के तेल) धरती के अंदर, चट्टान सभ के बीच में पावल जाए वाला तरल पदार्थ हवे जेकरा के शोध के पेट्रोल, डीजल, माटी के तेल (किरासन तेल) नियर ईंधन आ अउरी कई तरह के उपयोगी चीज बनावल जाला। एकरा शोधे से बने वाला चीज में मुख्य आइटम जरावे जोग ईंधने होला आ बाकी चीज गौड़ रूप से बने ला।

पेट्रोलियम
तेल के कुआँ से पंपिंग जैक द्वारा तेल निकासी
पेट्रोलियम
कुवैत में एगो रिफाइनरी

प्राचीन काल के बनस्पति आ अन्य जीवी पादर्थ सभ के परतदार चट्टान के बिचा में दबा जाए आ बहुत समय बाद एह पदार्थ सभ में से हाइड्रोकार्बन के तरल हो के चट्टान सभ के परत के बीच में एकट्ठा हो जाए से पेट्रोलियम बने ला। प्राकृतिक रूप से पावल जाए वाला एह रूप के कच्चा तेल (अंग्रेजी में क्रूड आयल) कहल जाला; एकरे अलावा एह कच्चा तेल से शोधे के बाद बने वाला पदार्थ सभ के भी पेट्रोलियम भा पेट्रोलियम प्रोडक्ट कहल जाला।

वर्तमान में ई आर्थिक कामकाज खाती एगो बहुते महत्व के संसाधन बा। हालाँकि, एह तरह के जीवाश्म ईंधन (फॉसिल फ्यूल) के कारण वायुमंडल में बढ़ रहल कार्बनडाईआक्साइड के कारण एकरे इस्तेमाल पर नियंत्रण के उपाय कइल जा रहल बाटे।

Tags:

अंग्रेजीचट्टानपेट्रोल

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

सत्यनारायण कथाजामा मस्जिद, दिल्लीशेक्सपियरललित निबंधपूर्वांचल एक्सप्रेसवेलद्दाखक्वार्ट्जसुंदरलाल बहुगुणाभूगोलीय निर्देशांक सिस्टमजोगबनीकूलरग्रहलहान, नेपालमहावीर जयंतीकुशीनगर जिलाकड़कनाथरानी चटर्जीयोनीखुशबूअंकगणितअंटार्कटिकाजरकुसपृथ्वी के घूर्णनचट्टाननहरक्रिस्टियानो रोनाल्डोहुगली नदीऑपरेटिंग सिस्टमसिंधु जल समझौतामदर टेरेसामकर रेखालार्ड कैनिंगशिवालिकयूरोप के भूगोलनमीगाँड़कल्पना पटवारीमहाकालपोर्नोग्राफीकॉमन एराकाला सागरबसंतपुर ब्लाक, सिवानबैरियाजॉर्डनसमुद्रगुप्तबुध (ग्रह)एक्सएनएक्सएक्सडैनी डेनियल्समार्क ज़करबर्गआजमगढ़मैक्सिकोबाड़मेर जिलाहवा प्रदूषणपर्यावरणभारतीय मानक समयवीर कुंवर सिंह संग्रहालयग्रेट बैरियर रीफकलमचित्तौड़गढ़ जिलाहाजीपुरगुरुद्वारा शीशगंज साहिबबीयागोलार्धबनफ्रांसीसी क्रांतिमानव यौन गतिविधिमनुस्मृतिफेसबुक मैसेंजरमोहनजोदड़ोथ्री गॉर्जिज डैम🡆 More