बिब्लियोग्राफिक कोड (अंग्रेजी: Bibliographic code) बिबकोड (bibcode) जेकरा के रेफकोड (refcode) भी कहल जाला, एगो कॉम्पैक्ट पहिचानक भा आइडेंटिफायर हवे जे कई गो खगोलिकी संबंधी डेटा सिस्टम में संदर्भ सामग्री के यूनीक तरीका से पहिचाने खाती इस्तेमाल होखे ला। शब्द बिबकोड, बिब्लियॉथिक कोड के छोट रूप (शॉर्टफ़ार्म) हवे।
पूरा नाँव | बिब्लियोग्राफिक कोड |
---|---|
सुरू भइल | 1990 के दशक |
अंक संख्या | 19 |
जाँच अंक | कवनो ना |
उदाहरण | 1924MNRAS..84..308E |
The Bibliographic Reference Code (refcode) was originally developed to be used in SIMBAD and the NASA/IPAC Extragalactic Database (NED), but it became a de facto standard and is now used more widely, for example, by the NASA Astrophysics Data System, which coined and prefers the term "bibcode".
एह कोड के कुल लंबाई हमेशा फिक्स होखे ला जे 19 कैरेक्टर के होखे ला आ एकर रूप होला:
YYYYJJJJJVVVVMPPPPA
एहिजे YYYY
चार अंक के साल खातिर रिफरेंस होला JJJJJ
कोड ई बतावे ला कि सामग्री कहँवा पब्लिश भइल रहल। जर्नल के संदर्भ के दशा में, VVVV
कोड जर्नल के खंड (वोल्यूम) के बतावे ला, M
ई बतावे ला कि जर्नल के कवना सेक्शन में संदर्भ छपल रहल (उदाहरण खातिर, L
के मतलब 'लेटर' माने की चिट्ठी-पतरी वाला अनुभाग में छपल रहे), PPPP
सुरुआत के पन्ना संख्या (पेज नंबर) बतावे ला, आ कोड A
पहिला लेखक के अंतिम नाँव के पहिला अक्षर होखे ला। डॉट नियर, पीरियड के चीन्हा (.
) के इस्तेमाल अइसन खाली फील्ड के भरे खातिर इस्तेमाल होखे ला जेकर संदर्भ में कौनों इस्तेमाल न हो रहल होखे, मने कि ओकरा से संबंधित कौनों जानकारी न होखे; इनहन के इस्तेमाल फील्ड पैडिंग में होला, मने की जानकारी अगर कम होखे तब फिक्स लंबाई १९ कैरेक्टर के पूरा करे खातिर। पैडिंग के ई काम हमेशा पब्लिकेशन कोड के दाहिने ओर कइल जाला आ वाल्यूम नंबर (खंड संख्या) आ पन्ना संख्या के बायें ओर। अइसन पन्ना संख्या जे 9999 से बेसी होखे M
कॉलम में जारी रखल जाला।
छह अंक के लेख आइडी नंबर (6-digit article ID numbers (in lieu of page numbers)) जे फिजिकल रिव्यू पब्लिकेशन द्वारा 1990 के दशक के अंतिम दौर से इस्तेमाल में बाड़ें, इनहन के रचना आगे बतावल तरीका से होला: पहिला दू गो अंक लेख आईडी होखे ले, अंक संख्या (issue number) के बतावे लें, आ ई अंग्रेजी के छोटा अच्छर (लोवर-केस) में बदल दिहल जालें (01 = a, etc.) आ इनहन के कॉलम M
में जोड़ल जाला। बाकी बचल चार गो डिजिट पन्ना के फील्ड में इस्तेमाल होखे लीं।
नीचे बिबकोड के कुछ उदाहरण दिहल गइल बाड़ें:
बिबकोड (Bibcode) | संदर्भ (Reference) |
---|---|
1974AJ.....79..819H | Heintz, W. D. (1974). "Astrometric study of four visual binaries". The Astronomical Journal. 79: 819–825. Bibcode:1974AJ.....79..819H. doi:10.1086/111614. |
1924MNRAS..84..308E | Eddington, A. S. (1924). "On the relation between the masses and luminosities of the stars". Monthly Notices of the Royal Astronomical Society. 84 (5): 308–332. Bibcode:1924MNRAS..84..308E. doi:10.1093/mnras/84.5.308. |
1970ApJ...161L..77K | Kemp, J. C.; Swedlund, J. B.; Landstreet, J. D.; Angel, J. R. P. (1970). "Discovery of circularly polarized light from a white dwarf". The Astrophysical Journal Letters. 161: L77–L79. Bibcode:1970ApJ...161L..77K. doi:10.1086/180574. |
2004PhRvL..93o0801M | Mukherjee, M.; Kellerbauer, A.; Beck, D.; et al. (2004). "The Mass of 22Mg" (PDF). Physical Review Letters. 93 (15): 150801. Bibcode:2004PhRvL..93o0801M. doi:10.1103/PhysRevLett.93.150801. PMID 15524861. |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article बिबकोड, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.