डोनाल्ड ट्रंप

डोनाल्ड ट्रंप (जनम 14 जून 1946) यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के निर्वाचित राष्ट्रपति हवें। ट्रंप, पिछला राष्ट्रपति बराक ओबामा के जगह लिहलें आ अमेरिका के 45वाँ राष्ट्रपति बनलें। वर्तमान में डोनाल्ड ट्रंप दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन के अध्यक्ष आ चेयरमैन बाड़ें।

डोनाल्ड ट्रंप
Donald Trump
डोनाल्ड ट्रंप
यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के 45वाँ राष्ट्रपति
Taking office
जनवरी 20, 2017
उप राष्ट्रपतिमाइक पेंस
Succeedingबराक ओबामा
निजी जानकारी
जनम (1946-06-14) जून 14, 1946 (उमिर 77)
न्यूयार्क सिटी, न्यू यॉर्क, अमेरिका
राजनीतिक पार्टीरिपब्लिकन (1987–1999, 2009–2011, 2012–वर्तमान)
अन्य राजनीतिक
जुड़ाव
डेमोक्रेटिक (1987 से पहिले, 2001–2009)
रिफॉर्म (1999–2001)
निर्दल (2011–2012)
जीवनसाथी
  • इवाना ज़ेलिंकोवा (Ivana Zelníčková)
    (बि. 1977; तला. 1991)
  • मार्ला मैपल्स
    (बि. 1993; तला. 1999)
संतान
  • डोनाल्ड जू॰
  • इवांका
  • एरिक
  • टिफैनी
  • बैरन
महतारी संस्थाफोर्डहम यूनिवर्सिटी
यूनिवर्सिटी ऑफ पेंसिलवेनिया (BS)
दस्खतऑटोग्राफ में दिहल दस्खत

ट्रम्प के जनम न्यूयार्क शहर में भइल आ ऊ अर्थशास्त्र में डिग्री लिहले हवें। 2016 में फ़ोर्ब्स सूची में ट्रंप के दुनिया के सभसे धनी लोग में 324वाँ आ अमेरिका में 156वाँ अस्थान बाटे।

ट्रंप जून 2015 में रिपब्लिकन पार्टी के उमीदवार के रूप में अमेरिका के राष्ट्रपति के चुनाव लड़े के घोषणा कइलेन। चुनाव प्रचार के दौरान इनके कई ठे बयान आ ट्विटर पर कइल ट्वीट सब पर बिबाद भइल।

ट्रम्प एह चुनाव में अपने मुकाबिला में लड़ रहल डेमोक्रेटिक कैंडिडेट हिलेरी क्लिंटन के हरा दिहलें आ अब अमेरिका के पैंतालिसवाँ राष्ट्रपति बनलें। ऊ रूजवेल्ट के बाद दुसरा अइसन राष्ट्रपति बाड़ें जे न्यूयॉर्क में पैदा भइल होखे।

सुरुआती जीवन

डोनाल्ड ट्रंप 
न्यूयॉर्क मिलिटरी ऐकेडमी में 18 बरिस के उमिर में ट्रंप, 30 जून, 1964

ट्रंप के जनम 14 जून 1946 के, न्यूयॉर्क शहर के क्वींस नाँव के इलाका में भइल। ट्रंप अपने माई-बाबूजी के पाँच गो संतानन में दुसरा हवें आ उनके भाई बहिन में अब तीन लोग जियत बाटे: मेरियान, एलिजाबेथ आ रॉबर्ट। ट्रम्प के बड़ भाई फ्रेड जूनियर शराब पिए के लत के कारण 1981 में मरलें आ ट्रंप के मोताबिक ई घटना उनके शराब आ सिगरेट छोड़े के वजह बनल।

ट्रंप अपना पिता के साइड से जर्मन मूल के आ महतारी के साइड से स्कॉटिश मूल के बाड़ें। इनके महतारी-बाबू दुनों लोग के जनम यूरोप में भइल आ ऊ लोग न्यूयॉर्क में 1936 में बियाह कइल। इनके एगो चाचा जॉन जी ट्रंप मैसच्यूसेट्स इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नॉलाजी में प्रोफ़ेसर रहलें।

इनके परिवार के एक ठो दुमंजिला मकान न्यूयॉर्क के क्वींस एरिया में जमैका एस्टेट में रहल जहाँ ट्रंप के बचपन बीतल आ ऊ कीव-फॉरेस्ट स्कूल में आपन सुरुआती पढ़ाई कइलेन। 13 बरिस के उमिर में ट्रंप घर छोड़ दिहलें आ न्यूयॉर्क मिलिटरी ऐकेडमी में दाखिल भइलेन जहाँ से ऊ आठवीं कक्षा आ हाई स्कूल पूरा कइलें। एकरा बाद ट्रंप फोर्डहम यूनिवर्सिटी में दू साल पढ़लें आ ओकरे बाद यूनिवर्सिटी ऑफ पेंसिलवेनिया के व्हार्टन स्कूल ऑफ फाइनेंस एंड कॉमर्स में दाखिला लिहलें। मई 1968 में ट्रंप अर्थशास्त्र में बैचलर ऑफ साइंस के डिग्री लिहलें।

बिजनेस कैरियर

रियल एस्टेट

डोनाल्ड ट्रंप के बिजनेस कैरियर रियल एस्टेट (अचल संपत्ति) के धंधा से सुरू भइल। उनके पिताजी एही धंधा में रहलें आ ट्रंप के भी अपना ग्रेजुएशन के पढ़ाई पूरा करे से पहिलहीं अपने बाबूजी के काम में मदद करे के मोका मिलल। ओकरे बाद ट्रंप के पहिला प्रोजेक्ट उनके ग्रेजुएशन के पढ़ाई के दौरान मिलल जब उनके सिनसिनाती में स्विफ्टन विलेज अपार्टमेंट्स के पुनर्जीवित करे के काम मिलल। दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन द्वारा 1972 मे स्विफ्टन विलेज के $67.5 लाख में बेचल गइल।

ट्रंप एह कंपनी के 1971 में अध्यक्ष बनल रहलें, आ एकरे बाद उनके पहिला काम एह कंपनी के नाँव बदल के दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन कइल रहल। 1973 में ट्रंप आ उनके पिता पर जस्टिस डिपार्टमेंट द्वारा ई आरोप भी लगावल गइल कि ऊ लोग रंगभेद करत बाटे।

ट्रम्प के पहिला बड़ा मोका मैनहट्टन में ग्रैंड हाईट होटल के डेवलपमेंट रहल, 1987 में।

1983 में ट्रंप टावर के निर्माण पूरा भइल। ई एक ठो 58 मंजिला गगनचुंबी इमारत बाटे जे मिडटाउन मैनहट्टन में बा। एह प्रोजेक्ट खातिर जमीन वगैरह खातिर नेगोशियेशन में ट्रंप के सफलता के तारीफ़ भइल। 1984 में, अटलांटिक सिटी में हाराह'स एट ट्रंप प्लाजा खुलल। 1988 में ट्रंप द्वारा मैनहट्टन के प्लाजा होटल के अधिग्रहण क के एकर पुनरुद्धार कइल गइल आ अब ई ट्रंप ताजमहल के नाँव से जानल जाला। बिल्डिंग वगैरह के अलावा ट्रंप गोल्फ कोर्स के निर्माण भी कइलेन।

अन्य

1983 में ट्रम्प के टीम न्यू जर्सी जेनरल्स के यूनाइटेड स्टेट्स फुटबाल लीग के चार्टर्ड सदस्यता मिलल। ट्रंप एह सदस्यता के बाद लीग के ज्यादातर टीम सभ के ई बिस्वास दियावे मे कामयाब भइलें कि एकर मैच बसंत आ गर्मी के समय आयोजित करे के बजाय पतझड़ के मौसम में करावल जाय, जब नेशनल फुटबाल लीग के मैच होलें, आ एकरा से इनहन के बिलय करे में मदद मिली। 1985 के सीजन के बाद न्यू जर्सी जनरल्स के हाउस्टन गैम्ब्लर्स के साथ बिलय हो गइल। हालाँकि यूनाइटेड स्टेट्स फुटबाल लीग के फ्रेंचाइजी सभ के संख्या अब 7 गो रहि गइल रहे आ एकरा के आपन काम समेटे के पड़ल।

फुटबाल के आलावा ट्रंप कुछ अन्य खेल सभ में भी सक्रियता देखवलें। बॉक्सिंग के कुछ मैच आयोजित करववलें। आ एक ठो साइकिल रेस प्रतियोगिता भी सुरू कइलेन जेवन कुछ सीजन ले चलल।

एकरे अलावा ट्रंप सौन्दर्य प्रतियोगिता सभ से जुड़ल रहलें। एह में भी कई तरह के बिबाद के सामना करे के पड़ल।

डोनाल्ड ट्रंप, एक ठो फॉर-प्रॉफिट यूनिवर्सिटी भी खोललें। ट्रम्प यूनिवर्सिटी सन 2005 से 2010 ले चलल आ कई ठे कानूनी बिबाद के कारण बंद हो गइल।

संदर्भ

Tags:

डोनाल्ड ट्रंप सुरुआती जीवनडोनाल्ड ट्रंप बिजनेस कैरियरडोनाल्ड ट्रंप संदर्भडोनाल्ड ट्रंपबराक ओबामायूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

गाँड़सोनिया गांधीराइन नदीचंद्रप्रभा बनजीव बिहारकल्पना पटवारीकाला सागरक्रोएशियासउदी अरबभगत सिंहयूनानपुर्तगाल27 मार्चसंत रविदास नगर जिलाएरोसोलसेवमेहराबभारतीय लोक संगीतराहुल गांधीविश्व शांति स्तूपसई नदीबिहार के भूगोललिंक्डइनपहाड़ीबझांग जिलामलावीदीपिका पादुकोणसुनीता विलियम्सनीदरलैंडकंगना राणावतहिंदू पतरालखनिया दरीटोकियोलंदन1942क्राइम पेट्रोलफ्री सॉफ्टवेयरकजरीराजधानीरूसी भाषाचीनीझंझावातगुरु गोबिंद सिंहदुधवा नेशनल पार्कमॉब लिंचिंगफगुआओजोन दिवसचिया सीड्सभैरो बाबाभावनाउत्तर प्रदेशकपिलवस्तुहिंदू धर्मउत्तराखंडभारत क मुख्य नदी सभमगध प्रमंडलफर्स्ट पास्ट द पोस्टग्रेनाइटरामभद्राचार्यताजिकिस्तानभारतीय मसाला सभ के लिस्टमानव कामुकतालीगल टेंडरसामूहिक सेक्सइरफ़ान ख़ानहंगरीबिहारी भाषाबिलारएम्सटर्डमकाजीरंगा नेशनल पार्कभतुआकृष्णा नदीकृष्णा सोबतीपौधाकाराकोरमहिमाचल प्रदेश🡆 More