जनवरी जूलियन अउरी ग्रेगरियन कैलेंडर के पहिला महीना ह। ई पृथिवी के उत्तरी गोलार्ध में जाड़ा के सीजन के दुसरा महीना होला आ सभसे ठंढा महीना होखे ला; एकरा बिपरीत दक्खिनी गोलार्ध में ई गर्मी के दुसरा महीना होला आ सभसे गरम महीना होला।
<< | जनवरी | >> | ||||
इत | सोम | मंग | बुध | गुरु | शुक्र | शनि |
1 | 2 | 3 | 4 | 5 | 6 | |
7 | 8 | 9 | 10 | 11 | 12 | 13 |
14 | 15 | 16 | 17 | 18 | 19 | 20 |
21 | 22 | 23 | 24 | 25 | 26 | 27 |
28 | 29 | 30 | 31 | |||
2024 |
पहिली जनवरी के दुनियाँ भर के बहुत सारा देसन में नया साल के उपलक्ष में न्यू इयर्स डे मनावल जाला। प्रमुख भारतीय तिहुआर खिचड़ी 14 जनवरी के आ भारत के गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के पड़े ला। महात्मा गांधी के हत्या 30 जनवरी के भइल रहल जेकरा के शहीदी दिवस के रूप में मनावल जाला।
जनवरी एह महीना के नाँव के अंग्रेजी भाषा से देवनागरी लिपि में बदलाव हवे। भोजपुरी इलाका में एकर उच्चारण जनौरी चाहे जनउरी भी होखे ला। मूल अंग्रेजी में एकर उच्चारण जॅन्युअरी चाहे जैन्युअरी होखे ला।
अंग्रेजी के शब्द के मूल लातीनी (लैटिन) भाषा के आइनारियस शब्द हवे; रोमन कथा सभ के देवता जॉनस चाहे आयनस के नाँव के आधार पर जे शुरुआत आ बदलाव के देवता हवे।
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया जनवरी पर मौजूद बा। |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article जनवरी, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.