स्टीफन हॉकिंग

स्टीफन विलियम हॉकिंग (अंग्रेजी: Stephen William Hawking, उच्चारण: स्टीवन ऑकिन्स; 8 जनवरी 1942 – 14 मार्च 2018) एगो अंगरेज भौतिकशास्त्री रहलें। ई कैंब्रिज युनिवर्सिटी में एगो रिसर्च सेंटर के डाइरेक्टर भी रहलें आ इनके लेखक के रूप में भी परसिद्धि रहल। इनके लिखल किताब ब्रीफ हिस्ट्री ऑफ टाइम काफी परसिद्ध भइल रहे।

स्टीवन हॉकिंग
CH CBE FRS FRSA
ब्लैक-एंड-वाईट फोटो, नासा में स्टीफन हॉकिंग
1974 में हॉकिंग
जनमStephen William Hawking
(1942-01-08)8 जनवरी 1942
ऑक्सफ़ोर्ड, इंग्लैंड, यूके
निधन14 मार्च 2018(2018-03-14) (उमिर 76)
कैंब्रिज, इंग्लैंड, यूके
काम के क्षेत्र
  • जनरल रिलेटिविटी
  • क्वांटम ग्रैविटी
संस्था
  • गॉनविले एंड काईयस कॉलेज, कैंब्रिज
  • कैलिफोर्निया टेक्नालॉजी इंस्टीट्यूट
  • पेरिमीटर इंस्टीटयूट फॉर थियोरेटिकल फिजिक्स
शिक्षासेंट अल्बान्स स्कूल, हर्टफोर्डशायर
अल्मा मैटरयूनिवर्सिटी कॉलेज, ऑक्सफोर्ड (बीए)
ट्रिनिटी हाल, कैंब्रिज (एमए, पीएचडी)
Thesisप्रॉपर्टीज ऑफ एक्सपैंडिंग यूनिवर्स (1966)
Doctoral advisorDennis Sciama
Other academic advisorsRobert Berman
Known for
  • हॉकिंग रेडियेशन
  • पेनरोस हॉकिंग थ्योरम
पुरस्कार/सम्मान
  • एडम्स प्राइज (1966)
  • एडिंगटन मेडल (1975)
  • मैक्सवेल मेडल एंड प्राइज (1976)
  • हे'नमैन प्राइज (1976)
  • हॉगेस मेडल (1976)
  • अल्बर्ट आइंस्टीन अवार्ड (1978)
जीवन साथी
  • जेन वाइल्ड
    (बि. 1965; तला. 1995)
  • इलेन मैसन
    (बि. 1995; तला. 2006)
संतान3, जेह में लूसी शामिल बाड़ी
दस्खत
स्टीफन हॉकिंग
वेबसाइट
ऑफिशियल वेबसाइट

इनकर बैज्ञानिक काम में, ई रोजर पेनरोज के साथे मिल के पेनरोज-हॉकिंग थियरी के नाँव से जानल जाए वाली थियरी दिहलें जे गुरुत्व सिंगुलरिटी के ऊपर रहल; रिलेटिविटी के जनरल थियरी काम क के ब्लैक होल से निकसे वाला रेडियेशन प हॉकिंग रेडियेशन के नाँव से जानल जाए वाला सिद्धांत दिहलें; ई पहिला ब्यक्ति रहलें जे जनरल थियरी आ क्वांटम मैकेनिक्स के जोड़ के एगो कॉस्मोलॉजिकल थियरी देवे के कोसिस कइलें। ई क्वांटम मैकेनिक्स के कई-दुनिया ब्याख्या के सपोर्टर रहलें।

हॉकिंग के रॉयल सोसाइटी के फेलो (FRSA) बीछल गइल रहे, पोंटिफिशियल एकेडमी ऑफ साइंस के आजीवन सदस्य रहलें, आ इनके अमेरिका के सभसे बड़ सिविलियन सम्मान, प्रेसीडेंशियल मेडल ऑफ फ्रीडम मिलल रहे। साल 2002 बीबीसी के एगो सर्वे में इनका के 100 सभसे महान ब्रिटिश लोग में 25वाँ अस्थान मिलल रहल। हॉकिंग साल 1979 से 2009 ले कैंब्रिज में गणित बिसय के लुकासियन प्रोफेसर रहलें। एही दौर में उनके आम जनता खाती कॉस्मोलोजी के चर्चा करे खाती पापुलरिटी मिलल आ इनकर किताब ब्रीफ हिस्ट्री ऑफ टाइम बहुत प्रसिद्ध भइल। ई किताब लगातार 237 हप्ता ले बेस्टसेलर रहल।

हॉकिंग के, काफी सुरुआते में, ऍमोट्रॉफिक लैटेरल स्कालेरोसिस (एएलएस) नाँव क बेमारी भ गइल जे बाद के दशक में इनके फालिजग्रस्त करत गइल। अपना पूरा जिनगी में, ऊ खासतौर से डिजाइन कइल, आवाज पैदा करे वाला एगो यंत्र आ अपना गाल के एगो सिंगल पेशी (मशल) के सहारे आपन बात कहे में सक्षम रहलें। हॉकिंग के 14 मार्च 2018 के 76 बरिस के उमिर में निधन भ गइल।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अजय देवगनप्राकृतिक उपग्रहसूँसभतुआहिमालयभूगोलीय निर्देशांक सिस्टमभारतीय मसाला सभ के लिस्टटेम्स नदीट्यूनीशियावेबैक मशीनवर्ग किलोमीटरयेरुशलमनदी थालाइटलीअनु मलिकजमशेदपुरयातायातविटामिनशतरंजसचिन तेंदुलकरआसारामपहाड़ीपुणेवृंदावनचारमीनारइलाहाबाद के संधिगुरुचिअल्लु अर्जुनमच्छरफिलिपींसजैन धर्मममता बनर्जीबनारस कैंट रेलवे स्टेशनइंस्टीट्यूशनल इन्वेस्टरविकिपीडियामहीना10 मईयूरोपयशवंत सिन्हासंभोगपानीसोनिया गांधीकंचनजंघासिवान जिलाग्लोबकन्हैया कुमारहिंदुस्तानी भाषालोकसभाएक्सएनएक्सएक्सरामनाथ कोविंदबुर्ज खलीफा1965 के भारत-पाक युद्धभोजपुरी लोकगीतकोलोरैडो नदीआदित्यनाथचंद्रमा आधारित कैलेंडरकृष्णपोलैंडदुबईप्रजातिअमरनाथ गुफा मंदिरअलकनंदामंगोलियाकुंचिकल झरनासनी लियोनी20 अप्रैलहिंदी भाषामकर रेखाहरिवंश राय बच्चनजायसीदुधवा नेशनल पार्कफ्लैश मॉबकाजीरंगा नेशनल पार्कढोला-सदिया पुलकुतुबनुमा🡆 More