यूक्रेन: पूरबी यूरोप में एगो संप्रभु राज्य

युक्रेन चाहे यूक्रेन (अंग्रेजी: Ukraine) पूरबी यूरोप क एगो देस हवे जेकर राजधानी आ सभसे बड़ शहर कीव (Kyiv) हवे। यूक्रेन रूस के बाद, रकबा के हिसाब से यूरोप के सभसे बड़हन देस हवे आ रूस के साथे पूरबी आ उत्तर-पूरबी सीमा सझिया करे ला। रूस के अलावा एकर सीमा उत्तर में बेलारूस; पच्छिम में पोलैंड, स्लोवाकिया आ हंगरी; दक्खिन में रोमानिया आ मोल्डोवा के साथे बने ले; एकरे अलावा ई अजोव सागर आ काला सागर के समुंद्र तट वाला देस भी हवे। एकर कुल रकबा 603,628 किमी2 (6.497397717018×1012 वर्ग फु), बाटे आ कुल आबादी 41.3 मिलियन, बा जेकरा चलते ई यूरोप के आठवाँ सभसे बेसी आबादी वाला देस हवे।

यूक्रेन

यूक्रेन के झंडा
झंडा
{{{coat_alt}}}
निशान
यूक्रेन: पूरबी यूरोप में एगो संप्रभु राज्य
यूक्रेन: पूरबी यूरोप में एगो संप्रभु राज्य
  •  युक्रेन के लोकेशन (हरियर)
  • रूस अधिग्रहण में (हल्का हरियर)
राजधानी
आ सभसे बड़ शहर
कीव
50°27′N 30°30′E / 50.450°N 30.500°E / 50.450; 30.500
सरकारयुनिटरी अर्ध-राष्ट्रपतीय संबैधानिक रिपब्लिक
इस्थापित
• सोवियत युनियन से आजादी
26 दिसंबर 1991
• संबिधान (वर्तमान)
28 जून 1996
रकबा
• कुल
603,628 किमी2 (233,062 वर्ग मील) (45th)
• जल (%)
7
जनसंख्या
• 2017 अनुमान
42,418,235 यूक्रेन: पूरबी यूरोप में एगो संप्रभु राज्य (32वाँ)
• 2001 जनगणना
48,457,102
• Density
73.8/किमी2 (191.1/वर्ग मील) (115वाँ)
जीडीपी (पीपीपी)2017 अनुमान
• कुल
$368.217 बिलियन (47वाँ)
• प्रति ब्यक्ति
$8,667 (109वाँ)
जीडीपी (नॉमिनल)2017 अनुमान
• कुल
$112.154 बिलियन (60वाँ)
• Per capita
$2,640 (127वाँ)
गिनी (2015)25.5
low · 18वाँ
एचडीआइ (2017)0.751
high · 88वाँ
करेंसीयूक्रेनियाई ह्रैवीना (₴) (UAH)
टाइम जोनईईटी (यूटीसी+2)
• गर्मीं में (डीएसटी)
ईईएसटी (यूटीसी+3)
ड्राइविंगदहिने
कालिंग कोड+380
इंटरनेट टीएलडी
  • .ua
  • .укр
  1. एगो जनमत संग्रह 1 दिसंबर के भइल, एकरे बाद आजादी 26 दिसंबर के पूरा भइल।
  2. यूक्रेनियाई एसएसआर के नाया नाँव युक्रेन 17 सितंबर 1991 के युक्रेन के कानून #1554-XII द्वारा भइल

युक्रेन के इलाका प्राचीन काल से आबाद रहल हवे आ 32,000 ईसा पूर्ब में इहाँ मनुष्य के आबादी होखे के परमान मिले लें। यूरोपियन मध्य जुग में ई पूरबी स्लाविक संस्कृति के मुख्य केंद्र रहल आ कीवन रुस राज्य यूक्रेनी पहिचान के आधार बनल। एकरे बाद 13वीं आवत-आवत ई इलाका कई राजनीतिक हिस्सन में बँटा गइल आ मंगोलियाई हमला में तितर-बितर भइल। एकर एकता खतम भ गइल आ कई ताकत सभ द्वारा शासन कइल गइल। 17वीं-18वीं सदी में कोस्सक हेतमानात के उठान भइल बाकी आगे जा के ई इलाका पोलैंडरूस साम्राज्य के बीचा में बँटा गइल। रूस के क्रांति के बाद इहाँ राष्ट्रवादी माहौल बनल आ आंदोलन शुरू भइल, युक्रेनियन पीपल्स रिपब्लिक के घोषणा 23 जून 1917 के भइल। दुसरे बिस्व जुद्ध के बाद, पच्छिमी यूक्रेन के बिलय यूक्रेनियन सोवियत सोशलिस्ट रिपब्लिक में हो गइल आ पूरा देस सोवियत यूनियन के हिस्सा बन गइल। यूक्रेन के 1991 में आजादी मिलल जब सोवियत संघ के बिघटन भइल।

आजादी के बाद युक्रेन अपना के न्यूट्रल राज्य घोषित कइलस; कुछ मात्रा में रूस आ सीआइएस देसन के साथे सेना के संबंध बनवलस आ 1994 में नाटो के पार्टनर बनल।

साल 2013 में राष्ट्रपति विक्टर यानुकोविच ई फैसला लिहलें कि यूक्रेन-यूरोपियन यूनियन एसोसिएशन समझौता सस्पेंड कइल जाय आ रूस के साथे नज्दीके के आर्थिक संबंध बनावल जाय। एकरे बाद धरना-प्रदर्शन के लमहर लहर चलल आ यानुकोविच के सरकार गिरा के नया सरकार बनावल गइल। इहे घटना सभ मार्च 2014 में रूस द्वारा क्रीमिया के अधिग्रहण आ अप्रैल 2014 में डॉनबास के लड़ाई के पृष्ठभूमि बनलें। 1 जनवरी 2016 के यूक्रेन यूरोपियन यूनियन के साथे डीप एंड कंप्रेहेंसिव फ्री ट्रेड एरिया के हिस्सा बने खातिर आवेदन कइलस।

यूक्रेन एगो कम बिकसित देस हवे आ मानव बिकास सूचकांक के हिसाब से 74वाँ रैंक पर आवे ला। ई यूरोप से सभसे गरीब देस हवे जहाँ हाई लेवल के गरीबी आ भ्रष्टाचार बाटे। हालाँकि, अपना उपजाऊ खेत सभ के चलते ई अनाज के बड़हन निर्यातक देस हवे। यूक्रेन के लगे यूरोप के तिसरी सभसे बड़हन सेना भी बा रूस आ फ्रांस के बाद। यूक्रेन एगो यूनिटरी रिपब्लिक हवे जहाँ सेमी-प्रेसिडेंशियल सिस्टम बाटे आ पावर के अलगाव बिधायिका, कार्यपालिका आ न्यायपालिका के बीचा में बा।

यूक्रेन यूनाइटेड नेशंस, दि काउंसिल ऑफ़ यूरोप, ओएससीई, गुआम ऑर्गेनाइजेशन आ लुब्लिन ट्रैंगल के सदस्य हवे आ सीआईएस के संस्थापक सदस्य राज्य में से एक हवे भले ई कबो एकर सदस्य ना बन पावल।

नोट

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीअजोव सागरकाला सागरकीवपोलैंडबेलारूसमोल्डोवायूरोपरूसरोमानियास्लोवाकियाहंगरी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

प्रियंका चोपड़ाबद्रीनाथ मंदिरनदिया के पार (1982)पाश्चात्य पेंटिंगनिकोलो मैकियावेलीगंगा नदी बेसिनलखनिया दरीजीएसएलवीवुडरो विल्सनहवा क्वालिटी इंडेक्सब्रह्मांडसामूहिक सेक्सजन गण मनगुप्त साम्राज्यवल्ड वाइड फंड फॉर नेचरक्रोएशियाचट्टानराबर्ट्सगंजअबू धाबीनसीरुद्दीन शाहउत्तर प्रदेश के नाचभीमराव अंबेडकरगोवाकैनबराचंपारन सत्याग्रहभारतीय राज्यन के वर्तमान गवर्नर लोगन के लिस्टबनारस हिंदू विश्वविद्यालयहवा प्रदूषणदवाईसैमसंगपत्रकारिताइत् संज्ञामंगल ग्रहहीलियमईटानगरनवका यमुना पुलसारनाथमुर्गातंजानियाअवधी भाषादिल्ली चिड़ियाघरमनुस्मृतिआइजोलसपना चौधरीऋषिकेशमंगरइलऔरंगजेबगुरु गोबिंद सिंह इन्द्रप्रस्थ विश्वविद्यालयलालू प्रसाद यादवमेघाएक्सएनएक्सएक्सडॉगी स्टाइलमच्छरयमनबिहार के मुख्यमंत्री लोगन के लिस्टकिली पॉलस्टार वॉर्समुस्तफाबादबहरीनहैकरलाल चंदनमदर टेरेसामाइकल जैक्सनकैनियनगौतम बुद्धगया जिलाबाबा धामटेनिसशरावती नदीविक्रम संवतबाणभट्टगोंडवाना लैंडउर्दूपृथिवी सूक्तसंसाधन भूगोलमहाराणा प्रतापसनातनी🡆 More