जीवविज्ञान (𑂔𑂲𑂫𑂫𑂱𑂔𑂹𑂖𑂰𑂢) चाहे प्राणिशास्त्र (𑂣𑂹𑂩𑂰𑂝𑂱𑂬𑂰𑂮𑂹𑂞𑂹𑂩) विज्ञान के तिनकों महत्वपूर्ण शाखा में से एगो शाखा बाटे। ई शाखा में धरती पर प्राणास्तित्व रखनिहार जीव-जंतु पशु-पंछि वनस्पति जइसन महाजीव आ बेक्टॅरिया जइसन सूक्ष्मजीव के अभ्यास करऽल जाला।
जीवविज्ञान के सरलसुगम् अभ्यास करे खातिर एहके दूगो बड़हन विषय में बाँटल गइल बा; जंतुविज्ञान आ वनस्पति विज्ञान। एकरालावा आउरीऔ विषय के अभ्यास जीवविज्ञान में करऽल जाला जइसे जीव रसायनशास्त्र, कोश जीवविज्ञान, परिस्थिति विज्ञान आदि।
जीव माने जवना में परान होखे, जे जिन्दा होखे। जीव के दूगो हिस्सा में बाँटल जाला। प्राणी, जेवना में सारा जानवर, पिलूआ, चिरई वगेरा आवेला; आ वनस्पति जेवना में सगरो छोट बड़ पेड़ पौधा आ घास आ जाला।
एकरी अलावा कुछ बहुत नक्खी नक्खी जिन्दा जीव होलें जिनहन के आँख से ना देखल जा सकेला बलुक देखे खातिर खुर्दबीन क जरूरत पड़ेला। इनहन के सूक्ष्मजीव कहल जाला। बैक्टीरिया आ वाइरस वगैरह अइसने सूक्ष्मजीव हवें।
ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article जीवविज्ञान, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.