कोविड-19

कोविड-19 अंग्रेजी में कोरोनावायरस डिसीज 2019 के छोट रूप हवे। ई बेमारी वायरस के इन्फेक्शन से होखे वाली बेमारी बाटे जे सार्स कोव 2 वायरस के चलते हो रहल बा। एह बेमारी के सुरुआत चीन से 2019 में भइल आ हाल में ई 2019–20 कोरोना वाइरस प्रकोप के रूप ले चुकल बाटे। एकरे आम लच्छन सभ में बोखार, खोंखी (खाँसी), आ साँस लेवे में तकलीफ सामिल बाटे जबकि देह दर्द आ नाक बहल अउरी गला के दरद कम पावल जाए वाला लच्छन बाड़ें। जादेतर केस सभ में ई लच्छन बहुत जोरदार ना मिलत बाड़ें, कुछे दसा में ई लच्छन निमोनिया तक चहुँपत बाड़ें या फिर कौनों अंग या अंग सभ के फेल होखे तक के नौबत आवत बा। चिन्हित केस सभ के तुलना में मौत होखे के एस्टीमेट 1% से 5% बाटे हालाँकि ई उमिर आ पहले से सेहत के स्थिति अनुसार बदल सके ला।

कोरोनावायरस बेमारी 2019
(कोविड-19)
दूसर नाँव
  • 2019-nCoV acute respiratory disease
  • Novel coronavirus pneumonia
कोविड-19
SARS-CoV-2 वायरस के माइक्रोस्कोप से लिहल तस्वीर।
उच्चारण
मेडिकल ब्रांचसाँस के सिस्टम के एक्यूट इन्फेक्शन
लच्छनबोखार, खोंखी, साँस लेवे में तकलीफ
रोग बिगड़ले परवायरल निमोनिया, किडनी फेल
कारनSARS-CoV-2
जाँच के तरीकाrRT-PCR टेस्टिंग, इम्यूनॉसी, सीटी स्कैन
रोकथामहाथ धोवल, खांसी से बचाव, बेमार लोगन से दूरी राखल
इलाजलच्छन अनुसार आ शरीर के मजबूती देवे वाला इलाज

इन्फेक्शन के एक ब्यक्ति से दुसरे ब्यक्ति ले पहुँचे के खाँसी आ छींक के दौरान निकले वाला महीन बुनकी सभ बा। वायरस के शरीर में प्रवेश आ बेमारी के लच्छन जाहिर होखल सुरू होखे के बीचा में 2 से 14 दिन के समय लागत बा जबकि औसतन ई समय 5 दिन के बाटे। एकरे जाँच के स्टैंडर्ड तरीका रिवर्स ट्रान्सक्रिप्शन पॉलिमेरसे चेन रिएक्शन (rRT-PCR) बाटे जेह में नाक चाहे गला में से पानी या कफ के परीक्षण होला। खून के सीरम के नमूना ले के ओहमें एंटीबाडी सभ के गिनती भी एकरे जाँच आ पहिचान खाती इस्तेमाल हो सके ला। लच्छन सभके पहिचान, रिस्क फैक्टर आ छाती के सीटी स्कैन भी एकरे जाँच में सामिल बा अगर निमोनिया के शंका होखे।

एह बेमारी से बचाव के तरीका में उचित तरीका से हाथ धो के साफ रखल, दुसरे लोगन से दूरी बना के रहल आ बिना हाथ धोवले आपन चेहरा न छुवे के बतावल गइल बा। मास्क के इस्तेमाल ओह लोगन के सुझावल गइल बा जेकरा ई महसूस होखे कि ओकरा ई वायरस लाग चुकल बाटे चाहे अइसन ब्यक्ति के इलाज आ परिचार करे वाला लोग के ई सलाह दिहल गइल बा बाकी आम जनता के मास्क के सलाह नइखे दिहल गइल। अभिन ले एकरे खातिर कौनों टीका (वैक्सीन) के खोज नइखे भइल आ COVID-19 खाती बिसेस रूप से कौनों दवाई आ इलाज नइखे खोजल जा सकल; लच्छन सभ के इलाज, शरीर के मजबूती देवे वाला इलाज आ कुछ एक्सपेरिमेंटल तरीका इस्तेमाल हो रहल बाड़ें।

बिस्व स्वास्थ संगठन (WHO) एह 2019–20 कोरोनावायरस प्रकोप के महामारी आ इंटरनेशनल चिंता के पब्लिक सेहत इमरजेंसी (PHEIC) घोषित क दिहले बाटे। कई देस सभ में बेमारी के लोकल फइलाव के परमान मिलल बाड़ें जेह में डब्लूएचओ के छहो क्षेत्र सभ के देस सामिल बाड़ें।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

2019–20 कोरोना वाइरस प्रकोप

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

विकिपीडियाकिर्गिज़स्तानअंटार्कटिका2023धनगढीस्तनयांग्त्सी नदीहवामोहम्मद अली जिन्नास्पेननेनुआडिजिटल इंडियाअसमिया भाषाबिहार के जिला सभ के लिस्टकुँवर सिंहयलोस्टोन नेशनल पार्कमैरवासुंदरलाल बहुगुणाक्रिस्टियानो रोनाल्डोडैनी डेन्जोंगपाझंडाशिवबेल्जियमचारमीनारबनारस कैंट रेलवे स्टेशनआदमीकृष्णा सोबतीदिल्ली1965 के भारत-पाक युद्धसहस्त्रबाहुबकरीदयातायातताराचंद्रशेखर आज़ाद रावणसीजनदेवरिया सदर रेलवे इस्टेशनटॉरनैडोकृषि भूगोलसंघ राज्यक्षेत्रअक्षय कुमारमुख्य पन्नाभोजपुरी साहित्यमलेशियाआंध्र प्रदेशसंगम कालयाहू!बाबा नागार्जुनभारतीय मसाला सभ के लिस्टगुरुद्वारा बंगला साहिबइजराइलरवि किशनविष्णुपद मंदिरकैमरूनरजनीकांतविवेकी रायचंडीगढ़आलिया भट्टसंत रविदास नगर जिलाकोल्ड ड्रिंकयूरोपियन यूनियनबिहार के अनुमंडल सभकृष्णरामचरितमानसकुशीनगर जिलासर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशनश्रीदेवीअमर्त्य सेनजमीन🡆 More