रोम: इटली के राजधानी

रोम (अंग्रेजी: Rome) यूरोप महादीप के एगो प्रमुख शहर आ इटली देस के राजधानी हवे। रोम राजधानी क्षेत्र के अलग कम्यून (नाँव कम्यूने दि रोमा कैपिताले) के रूप में प्रशासन बेवस्था बा आ ई इटली के लाजियो क्षेत्र के राजधानी के रूप में भी हऽ। अपना 2,874,558 निवासी लोग के साथ 1,285 किमी2 (496.1 वर्ग मील) इलाका वाला, ई कम्यून इटली के सभसे घन आ सभसे ढेर आबादी वाला कम्यून भी हवे। ई यूरोपियन यूनियन के देस सभ में चउथा सभसे बड़ शहर हवे। ई शहर मेट्रोपॉलिटन रोम के बीचोबीच वाला हिस्सा हवे आ अगर पूरा मेट्रो रोम के हिसाब में लिहल जाव तब एकर जनसंख्या करीबन 4.3 मिलियन (43 लाख) बाटे। रोम के लोकेशन इटली प्रायदीप के बिचला-पच्छिमी प्रांत के हिस्सा बा आ लाजियो के भीतर, टाइबर नदी के किनारे बसल बा। अउरी खास बात ईहो बा कि एह शहर के भितरें ईसाई धरम के केंद्र वेटिकन सिटी भी मौजूद बा जे अलगा राज्य के दर्जा वाला देस मानल जाला। एही कारण कबो-कबो रोम के दू गो देस सभ के राजधानी भी कहल जाला।

रोम
कम्यून
ऊपर से घड़ी के सुई अनुसार: दि कोलोसियम, सेंट पीटर्स बसीलिका, कासल सेंट'एंजेलो, पोंटे सेंट'एंजेलो, ट्रेवी फब्बारा आ पैन्थिया
ऊपर से घड़ी के सुई अनुसार: दि कोलोसियम, सेंट पीटर्स बसीलिका, कासल सेंट'एंजेलो, पोंटे सेंट'एंजेलो, ट्रेवी फब्बारा आ पैन्थिया
रोम is located in Italy
रोम
रोम
इटली में लोकेशन
Coordinates: 41°54′N 12°30′E / 41.900°N 12.500°E / 41.900; 12.500 12°30′E / 41.900°N 12.500°E / 41.900; 12.500
देसरोम: भूगोल, नोट, संदर्भ इटली
क्षेत्रलाजियो
Area
 • कुल1,285 किमी2 (496.3 बर्ग मील)
Elevation
21 m (69 ft)
Population
 (30 सितंबर 2017)
 • Rankइटली में 1हिला, यूरोपियन युनियन में 4था
 • Density2,236/किमी2 (5,790/बर्ग मील)
 • कम्यून
2,874,558
 • मेट्रो शहर
4,357,041
Time zoneUTC+1 (सीईटी)
डाक कोड
00100; 00118 से 00199
Area code06
Websiteकम्यूने दि रोमा

भूगोल

लोकेशन

रोम बिचली इटली के लाजियो इलाका में पड़े ला आ टाइबर नदी के तीरे बसल बाटे। मूल आबादी ओह पहाड़ी सभ पर बसे सुरू भइल रहल जिनहन के ढाल टाइबर दीप के ओर रहल, नदी पर एगो लचका (फोर्ड) के ओर मुँह कइले, ई एह नदी पर एह इलाका में एकलौता प्राकृतिक उपटान के हिस्सा रहल जहाँ से नदी आसानी से पार कइल जा सकत रहल होखे। राजा लोग के रोम, सात गो पहाड़ी सभ पर बसल: अवेंताइन पहाड़ी, काईलियन पहाड़ी, कैपिटलाइन पहाड़ी, एस्क्वीलाइन पहाड़ी, पैलेटाइन पहाड़ी क्विरिनल पहाड़ी आ विमिनल पहाड़ी पर। आज के समय के रोम से एनीन नाँव के एगो अउरी नदी गुजरे ले। ई इतिहासी रोम के बीच में, टाइबर नदी में आ के मिल जाले।

हालाँकि, शहर के सेंटर टाइरेनियन सागर से करीबन 24 किलोमीटर (15 मील) भीतर के ओर बा, शहर के सीमा समुंद्र के तीरे ले बाटे। एहर के ओर पच्छिमी-दक्खिनी डिस्ट्रिक्ट ओस्तिया पड़े ला। रोम के बिचला हिस्सा के ऊँचाई समुंद्र तल से 13 मीटर (43 फीट) (पैन्थिया के बेस के लगे) से 139 मीटर (456 फीट) (मारियो परबत) तक ले बाटे। रोम कम्यून के कुल एरिया लगभग 1,285 वर्ग किलोमीटर (1.3831624885×1010 वर्ग फु) बाटे जेह में कई गो हरा-भरा इलाका भी बाड़ें।


नोट

संदर्भ

Tags:

रोम भूगोलरोम नोटरोम संदर्भरोमअंग्रेजीइटलीयूरोपयूरोपियन यूनियनवेटिकन सिटी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

बद्रीनाथ मंदिरअमेजन जंगलविवेकी रायजननी जन्मभूमिश्च स्वर्गादपि गरीयसीशेक्सपियरकृति सैननसंगमरमरयांग्त्सी नदीशिवालिकस्वीडनएचटीटीपी कुकीकार्ल मार्क्सहेरोडोटसमेसोस्फियरबिस्मिल्ला ख़ाँफ़िराक़ गोरखपुरीनिर्मलीएक्सवीडियोजफासीवादआंध्र प्रदेशनीतीश कुमारगंगा नदीशिवरंजनीछठअमरकंटककंगना राणावतमनी प्लांटचंद्रयान-2महीनाऑक्सीजनमिया खलीफाभतुआबिहारकूलरनिचला सदनओमानलिंक्डइनग्लेशियरतुलसीदासघनानंदसंत रविदास नगर जिलाबड़हरिया (सामुदायिक विकास खंड)भतुआ पागनील नदीफागुनकॉपीराइटविकिमीडिया फाउंडेशनइस्कान मंदिर, दिल्लीअंगोलासत्यनारायण कथानीलम गिरीरोहतास जिलाक्रिस्टियानो रोनाल्डोचइतापूनम सिन्हाईरानधरती दिवससावनवेब ब्राउजरहिमाचल प्रदेशकमल हासनहिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेनकोल्ड ड्रिंकभोजपुरी विकिपीडियाग्रेट लेक्सक्लियोपैट्राअगहनकिली पॉलस्कार्लेट जोहानसनप्रेम चोपड़ागोलार्धपुणेटेनिस🡆 More