किरिबाती

173°00′E / 1.417°N 173.000°E / 1.417; 173.000

किरिबाती (अंग्रेजी: Kiribati) बिचला प्रशांत महासागर के माइक्रोनेशिया में एगो रिपब्लिक देस बा। एह देस के परमानेंट जनसंख्या 1,10,000 से तनिका बेसी बा (2015 में) आ आधा से बेसी लोग तारवा एटॉल पर निवास करे ला। एह संप्रभु रिपब्लिक में कुल 32 गो एटौल आ मूँगा दीप बाड़ें आ एक ठो उतिराइल मूँगा दीप बनाबा बाटे। एह सगरी दीप सभ के सड़मेड़ रकबा 800 वर्ग किलोमीटर (310 वर्गमील) बाटे आ ई समुंद्र में लगभग 35 लाख वर्ग किलोमीटर के दायरा में छितराइल बाने। इनहन के एह छितराव में भूमध्यरेखा भी आ जाले आ 180 डिग्री देशांतर भी आ जाइत अगर एकरा के एह जगह पर दाहिने ओर मोड़ के न गुजारल जाइत (अहिजा ई मोड़ के लगभग 150 डिग्री पच्छिमी के लगे से गुजरे ले)। एह लाइन के मोड़े के कारन किरिबाती के लाइन दीप के समय किरिबाती के समय के साथे-साथ रहे ला। किरिबाती के सभसे पूरबी दीप. दक्खिनी लाइन दीप जे हवाई के दक्खिन में बा दुनिया में सभसे आगे वाली टाइम जोन यूटीसी+14 में पड़े ला।

किरिबाती रिपब्लिक
Republic of Kiribati

किरिबाती के लोकेशन
किरिबाती के लोकेशन
राजधानी
आ सभसे बड़ शहर
तरावा
1°28′N 173°2′E / 1.467°N 173.033°E / 1.467; 173.033
आजादी
12 जुलाई 1979
रकबा
• कुल
811 किमी2 (313 वर्ग मील) (172nd)
जनसंख्या
• 2015 जनगणना
110,136
• Density
152/किमी2 (393.7/वर्ग मील) (73rd)
जीडीपी (पीपीपी)2011 अनुमान
• कुल
$599 million
• प्रति ब्यक्ति
$5,721
जीडीपी (नॉमिनल)2011 अनुमान
• कुल
$167 million
• Per capita
$1,592
करेंसीकिरिबाती डालर
ऑस्ट्रेलियाई डालर (AUD)
टाइम जोन(यूटीसी+12, +13, +14)
ड्राइविंगबाएँ
कालिंग कोड+686
इंटरनेट टीएलडी.ki

किरिबाती के साल 1979 में यूनाइटेड किंगडम से आजादी मिलल आ एकर राजधानी आ सभसे बड़ नगर दक्खिनी तारवा बाटे। एह शहर में कई गो छोट दीप (आइलेट) सामिल बाने आ ई आपस में काजवे द्वारा जुड़ल बाने। ई राजधानी इलाका तारवा एटॉल के लगभग आधा हिस्सा पर बिस्तार लिहले बाटे।

किरिबाती कॉमनवेल्थ ऑफ नेशंस, इंटरनेशनल मोनेटरी फंड (आइएमएफ) आ बिस्व बैंक के सदस्य देस हवे आ एकरा के यूनाइटेड नेशंस के फुल मेंबरशिप साल 1999 में मिलल।

संदर्भ

Tags:

भूगोलीय निर्देशांक सिस्टम

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

हेमा मालिनीबारहखड़ीइसरोभारतीय मानक समयओमानअमेरिकाहेरोडोटसकमला नदीसैम मानेकशॉसलमान खानगूगलमिस्रशिकागोसूडानफासीवादहाजीपुरकाशी विद्यापीठएचटीटीपी कुकीशिवसंभोगसत्यनारायण कथाभारतीय राज्यन के वर्तमान मुख्यमंत्री लोग के लिस्टगाजीपुर जिलाबिहार में प्रशासनचुआर विद्रोहमगध प्रमंडलजगन्नाथ मंदिर, पुरीहजारी प्रसाद द्विवेदीलैब्राडोर धारातिब्बत के पठारवर्चुअल प्राइवेट नेटवर्कहवाई फोटोग्राफीएम. ए. चिदंबरम स्टेडियमबुलंदीबागदेवरिया सदर रेलवे इस्टेशनमंगलयानसट्टासोनम कपूरकामसंगमरमरधोबिन चिरईअकबरपंजाबी भाषाकैलेंडरबेबिंकायूरोपइरफ़ान ख़ानपूनम सिन्हाब्लॉगअज़रबैजानलाइफ ओकेबिपिन रावतनासागुरु तेग बहादुरकल्पना पटवारीएशियाओजोन दिवससुनसरी जिलामहेंद्र सिंह धोनीसिजिगीजामा मस्जिद, दिल्लीरवीन्द्र कुमार 'राजू'कोसी नदीनवका यमुना पुलबराबर गुफासभधरती दिवसअरविंद केजरीवालताजमहलगोलघरवल्ड वाइड फंड फॉर नेचरकोल्ड ड्रिंकपवन सिंह🡆 More