सिसिली: इटली के एगो प्रदेश

सिसिली (अंग्रेजी: Sicily) चाहे सिसली, भूमध्य सागर में सभसे बड़हन दीप हवे आ इटली के 20 गो क्षेत्र (प्रांत) सभ में से एगो क्षेत्र हवे। ई इटली के पाँच गो खुद शासित इलाका (ऑटोनॉमस रीजन) सभ में आवे ला आ एकर राजधानी पालेर्मो शहर हवे। पूरा टापू के कुल आबादी लगभग 50 लाख (5 मिलियन) बाटे।

Sicily
सिसिली: इटली के एगो प्रदेश
राजधानीपालेर्मो
Area
 • Total25,711 किमी2 (9,927 बर्ग मील)
Population
 (2019) (8.3% of Italy)
 • Total4,969,147
 • Density190/किमी2 (500/बर्ग मील)
Time zoneUTC+1 (CET)
 • Summer (DST)UTC+2 (CEST)
WebsitePTI.Regione.Sicilia.it

त्रिभुज के आकृति के ई दीप इटली के मुख्य जमीनी एरिया से दक्खिन ओर पड़े ला जेकरा से मेसिना जलजोड़ एकरा के अलगा करे ला। ई एक तरह से भूमध्य सागर के बीचोबीच वाला हिस्सा में हवे। एकरे दक्खिन-पच्छिम में सभसे नगीचे के जमीनी हिस्सा ट्यूनीशिया के बा आ इनहन के बीचा में के जलजोड़ के सिसिली जलजोड़ कहल जाला। सिसिली के उत्तर में टाइरेनियन सागर बा जेह में कई गो दीप आ ज्वालामुखी बाड़ें; स्ट्राम्बोली इनहने में से हवे। सिसिली के सभसे प्रमुख रूप से जानल जाये वाला भूगोलीय चीज माउंट एटना हवे जे यूरोप के सभसे ऊँच सक्रिय ज्वालामुखी हवे आ दुनियाँ के कुछ सबसे बेसी सक्रिय ज्वालामुखी सब में सामिल बा।

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजीइटलीदीपभूमध्य सागर

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

परिणीति चोपड़ाउत्तर प्रदेशललित निबंध1965 के भारत-पाक युद्धसंज्ञा के भेदयमनशेर शाह सूरीबोस्निया आ हर्जेगोविनाफुटबालचंद्रशेखर आज़ाद रावणमहीनाबनारस हिंदू विश्वविद्यालयगरमी (सीजन)पंजाबी भाषाप्राकृतिक संसाधनअनुकूलतम जनसंख्याद्रौपदी मुर्मू2023पानीमन्नार के खाड़ीएड्रेनेलिनकैरीबा झीलभारत के भूगोलमोटू पतलूजामा मस्जिद, दिल्लीतिरंगाबैजंतीफ्रांसीसी क्रांतिधनगढीज्वालामुखीफूलन देवीलाहौरएन. टी. राम राव जूनियरभोजपुरीशारदा नदीविद्यापतिझारखंडसिंधु जल समझौताकुसुमी जंगलजाह्नवी कपूरजो बाइडनअरावलीभारतीय नेवीद्वारिकाधीश मंदिरकन्हैया कुमारनेशनल हाइवे 27वर्ग किलोमीटरक्राइम पेट्रोलटाइम जोनआमशिश्नपुनीत राजकुमारमोबाइल फोनमहाभियोगइसरोसहस्त्रबाहुविद्यानिवास मिश्रलद्दाखकामदेवविकिपीडियादि हिंदूगूगलताजमहलडैनी डेन्जोंगपाफेसबुककिलोग्रामईसवी सनरामनाथ कोविंदरमजानपृथ्वीसामाजिक भूगोलनेपाल🡆 More