रामसर कन्वेंशन

रामसर कन्वेंशन ऑन वेटलैंड्स ऑफ़ इंटरनेशनल इम्पोर्टेंस इस्पेशियली एज वाटरफाउल हैबिटाट (अंग्रेजी: Ramsar Convention on Wetlands of International Importance especially as Waterfowl Habitat) चाहे छोट रूप में रामसर कन्वेंशन (अंग्रेजी: Ramsar Convention), रामसर सम्मेलन में भइल एगो अंतर्राष्ट्रीय समझौता हवे जेकरे तहत दुनिया भर के नमभूमि (वेटलैंड) सभ के संरक्षण के कोसिस करे खाती बिभिन्न देसन में आपसी सहमती बनल। ई सम्मेलन ईरान के रामसर शहर में 1971 में भइल रहे।

रामसर कन्वेंशन
रामसर कन्वेंशन ऑन वेटलैंड्स ऑफ़ इंटरनेशनल इम्पोर्टेंस इस्पेशियली एज वाटरफाउल हैबिटाट
{{{image_alt}}}
रामसर के लोगो
Signed2 फरवरी 1971
(वल्ड वेटलैंड्स डे मनावल जाला)
Locationरामसर (ईरान)
Effective21 दिसंबर 1975
Condition7 स्टेट सभ द्वारा रैटीफिकेशन
Signatories23
Parties172
Depositaryयूनेस्को क डाइरेक्टर जनरल
Languagesअंग्रेजी (जहाँ बिबिधता के केस होखे), फ्रेंच, जर्मन, रशियन, आ स्पैनिश

हर तीन साल पर, कांट्रैक्ट करे वाला पक्ष सभ के प्रतिनिधि लोग कॉन्फ्रेंस ऑफ़ पार्टीज (COP) के रूप में मिले ला, ई सम्मेलन के नीति निर्माता अंग हवे जे सम्मेलन के काम के मैनेजमेंट आ सुधार खातिर निर्णय (साइट सभ के नाँव, संकल्प आ सिफारिश) अपनावे ला जवना तरीका से पार्टी सभ एकरे उद्देश्य सभ के लागू करे में सक्षम होखे लीं। 2022 में चीन के वुहान आ स्विट्जरलैंड के जिनेवा में सीओपी14 के आयोजन भइल।

ई समझौता 2 फरवरी के साइन भइल रहल आ एही कारन 2 फरवरी के अंतर्राष्ट्रीय नमभूमी दिवस मनावल जाला। भारत अपना आजादी के 75 वाँ बरिस में कुल 75 गो वेटलैंड सभ के रामसर साइट के रूप में नामित क के एगो महत्वपूर्ण उपलब्धी हासिल कइले बाटे।

इंटरनेशनल सहजोग

2016 तक ले 18 गो ट्रांस-बाउंड्री रामसर साइट बाड़ी सऽ, आ 15 गो रामसर क्षेत्रीय पहल बाड़ी सऽ जेह में भूमध्यसागरीय, एशिया, अफिरका, आ दक्खिन अमेरिका के इलाका सभ के सामिल कइल गइल बा।

रामसर कन्वेंशन छह गो संगठनन के साथे मिलजुल के काम करेला जेकरा के अंतर्राष्ट्रीय संगठन साझेदार (आईओपी) के नाम से जानल जाला। ई सभ हवें:

ई संगठन बिसेसज्ञता वाली तकनीकी सलाह दे के, फील्ड स्टडीज के लागू करे में मदद करे, आ आर्थिक सहायता दे के एह कन्वेंशन के काम के सपोर्ट करे लें। आईओपी दल सभ के कन्वेंशन के सगरी बइठकन में पर्यवेक्षक का रूप में आ वैज्ञानिक आ तकनीकी समीक्षा पैनल के पूरा सदस्य का रूप में भी नियमित रूप से भाग लेला।

इहो देखल जाय

  • वल्ड वेटलैंड्स डे - हर साल एही कन्वेंशन के उपलक्ष में मनावल जाला।
  • क्योटो प्रोटोकाल
  • मोंट्रियल प्रोटोकाल

संदर्भ

Tags:

रामसर कन्वेंशन इंटरनेशनल सहजोगरामसर कन्वेंशन इहो देखल जायरामसर कन्वेंशन संदर्भरामसर कन्वेंशन बाहरी कड़ीरामसर कन्वेंशनअंग्रेजीईरान

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

अज़रबैजानस्वीडनमिस्रताना भगत आंदोलनमेघाबैकाल झीलबीकानेर जिलापेट्रोलियमगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनमुर्गी पालनमणिपुरी भाषामुंबईकुँवर सिंहहिमालयमानव प्रजातिपहाड़ीपुच्छल तारारेलगाड़ीइलाहाबाद के संधिचट्टानमॉब लिंचिंगराष्ट्रीय गीतजामा मस्जिद, दिल्लीदेवरिया जिलापिनटेरेस्टबकरीदलॉस एंजिलिसमोबाइल फोनसर्वेदमकमनुस्मृतिक्लियोपैट्रालोटनीमऊरानीपुरनीलम गिरीनेपोलियनमहाविद्यालवंडा नाचकार्ल मार्क्सकाशी विश्वनाथ मंदिरवेनेजुएलावीरेन्द्रनगरनर्मदा नदीदक्कन पठारभारतीय शास्त्रीय भाषालक्समबर्गरिसर्च मेथोडोलॉजीआरामगधरामायण के पात्र सभ के लिस्टपूर्वांचलसलमान खानकबीरअमेरिकाउत्तर प्रदेशलाल किलाअनुष्का शर्मानवंबरज्वालामुखीशेखपुरा जिलाराकस तालहैदराबादबिसुवत रेखाहैशटैगमौर्य साम्राज्यकिऊल जंक्शन रेलवे स्टेशनगुवाहाटीतुंगभद्रा नदीअरावलीसागौनआयरलैंड रिपब्लिकगोरखपुर चिड़ियाघर🡆 More