प्राणहिता नदी

प्राणहिता नदी दक्खिन भारत के एगो प्रमुख नदी हवे आ गोदावरी नदी के सभसे प्रमुख सहायिका नदी हवे। एह नदी के थाला पूरा गोदावरी नदी थाला के लगभग 34 % हिस्सा कभर करे ला। नदी थाला महाराष्ट्र आ तेलंगाना राज्यन में बिस्तार लिहले बा आ रकबा में ई 109,078 वर्ग किलोमीटर के बाटे। एह तरीका से ई थाला के बिस्तार के मामिला में भारत के सातवीं सभसे बड़ नदी हवे आ नर्मदा आ कावेरी नियर प्रमुख नदिन के तुलना में एकर थाला बड़ साबित होखे ला।

प्राणहिता नदी
प्राणहिता नदी
लोकेशन
देसभारत
राज्यमहाराष्ट्र, तेलंगाना
जिलागढ़चिरौली जिला, आदिलाबाद जिला
शहरसिरपुर
भौतिक लच्छन सभ
Sourceवर्धा आ वेनगंगा के संगम
 - locationकोटाला, महाराष्ट्र, भारत
 - coordinates19°35′24″N 79°47′59″E / 19.59000°N 79.79972°E / 19.59000; 79.79972
 - elevation146 मी (479 फीट)
मुहानागोदावरी नदी
 - location
कालेश्वरम, तेलंगाना
 - coordinates
18°49′30″N 79°54′36″E / 18.82500°N 79.91000°E / 18.82500; 79.91000 79°54′36″E / 18.82500°N 79.91000°E / 18.82500; 79.91000
 - elevation
107 मी (351 फीट)
लंबाई113 किमी (70 मील)
थाला के साइज109,078 किमी2 (1.17411×1012 वर्ग फु)
थाला लच्छन
सहायिका 
 - leftदीना नदी
 - rightनागुल्वागु नदी, पेद्दावागु नदी

नदी के सुरुआत वर्धा नदी आ वेनगंगा नदी के संगम के बाद से होखे ला आ बस 113 किलोमीटर के लंबाई के ई नदी महाराष्ट्र के गढ़चिरौली जिला आ तेलंगाना के आदिलाबाद जिला के सीमा के सहारे बहे के बाद कालेश्वरम में गोदावरी नदी में मिल जाले।

उत्पत्ती

पुलगांव में वर्धा नदी
भंडार शहर में वेनगंगा नदी

प्राणहिता नदी के सुरुआत दू गो बड़हन नदी सभ के मिले के बाद होला: वर्धा (थाला रकबा: 46,237 किमी2) आ वैनगंगा (थाला रकबा: 49,677 किमी2)। ई संगम महाराष्ट्र आ तेलंगाना राज्यन के बाडर पर होला। संगम के बाद नदी के चौड़ाई मजिगर बढ़ जाले। प्राणहिता नदी के बहाव में पानी के मात्रा में सीजनल उतार-चढ़ाव बहुत बेसी होखे ला।

बहाव के मारग

प्राणहिता नदी के कुल बहाव मारग 113 किलोमीटर के बा, ई महाराष्ट्र के गढ़चिरौली जिला आ तेलंगाना के आदिलाबाद जिला के सीमा के सहारे बहे ले। बहाव के दिसा उत्तर से दक्खिन के बा जइसन कि दक्खिन भारत के बहुत कम नदिन में पावल जाला। एकरा रास्ता में घन जंगल आ घाट पड़ें लें आ ई इलाका बायोडाइवर्सिटी के मामिला में बहुत समृद्ध हवे। एह छोट रास्ता के तय करे के बाद ई नदी कालेश्वरम के लगे गोदावरी नदी में जा मिले ले।

बंधा

प्राणहिता नदी 
कालेश्वरम मंदिर

प्राणहिता नदी पर तेलंगाना में कालेश्वरम के ऊपर वाला इलाका में एगो सिंचनी प्रोजेक्ट खातिर बनल बान्ह बाटे जेकरा के कालेश्वरम लिफ्ट सिंचनी प्रोजेक्ट कहल जाला, ई वर्तमान में दुनियाँ के सभसे बड़हन मल्टी-स्टेज लिफ्ट सिंचनी प्रोजेक्ट (multi-stage lift irrigation project) बाटे।

इस्तेमाल

नदी के इस्तेमाल सिरोंचा आ कालेश्वरम के बीचा में जल परिवहन खातिर होखे ला। एकरे अलावा एकर धार्मिक महत्व भी बा आ ई हिंदू परंपरा के "पुष्करम्" सभ वाली 12 गो नदी में सामिल नदी हवे। एह नदी के पुष्करम् मीन राशि के पुष्करम् होला।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

प्राणहिता नदी उत्पत्तीप्राणहिता नदी बहाव के मारगप्राणहिता नदी बंधाप्राणहिता नदी इस्तेमालप्राणहिता नदी इहो देखल जायप्राणहिता नदी संदर्भप्राणहिता नदीकावेरी नदीगोदावरी नदीतेलंगानानर्मदा नदीमहाराष्ट्र

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

लार्ड कार्नवालिसभिखारी ठाकुरपंजाबी भाषामैनाराम मंदिर, अयोध्याप्राचीन भारत के रुपरेखा2023उत्तर प्रदेशबिहिरीबनारस के घाटसियोलबोधगयास्ट्रेटोस्फियरनेपाल के प्रदेश सभजिम्बाब्वेसोन नदीप्राकृतिक संसाधनझेलम नदीवेब सर्च इंजनराजघाट पुलराजस्थानभारतीय मसाला सभ के लिस्टबिहारलक्ष्मीनाथ बेजबरुआअमृता सुभाषसोनिया गांधीउर्दू1979इरफ़ान ख़ानउत्तर प्रदेश के जिला सभ के लिस्टमाधुरी दीक्षितरैदासतरकारीविष्णुबाबरसेंटीमीटरढोढ़ीरिसर्च मेथोडोलॉजीआमसोनाक्षी सिन्हालंदनपौधाजयप्रकाश नारायणउरईअजय नदीगिनीशिश्ननर्मदा नदीसपना चौधरीनेपोलियनभेलीसंभोगवृंदावनपोर्न फिलिमबिंदुसारकोंकणी भाषाबरफकाल्डेराकृष्णजहाँगीरभारतीय जनता पार्टीसैमसंगमनुस्मृतिडिग्री (कोण)7 जनवरीअताउल्लाह ख़ानरसड़ाएशियामार्केटिंगजाजरकोट जिलासैम मानेकशॉइलाहाबाद के संधिगैलेक्सीई मेल🡆 More