दिन

दिन, समय के नाप के इकाई के रूप में, लगभग ओह समय के बराबर होला जेतना देरी में पृथ्वी अपना धुरी पर एक चक्कर लगावे ले आ एकरे परिणाम के रूप में एक बेर सुरुज उगे से ले के डूबे आ रात भर के बाद अगिल दिने उगे से ठीक पहिले के बेर तक ले के समय लागे ला। दुसरे अरथ में, आम बोलचाल के भाषा में दिन के मतलब सुरुज उगे से ले के अस्त होखे तक ले के समय के कहल जाला, ई सीजन अनुसार घटत-बढ़त रहे ला।

ढेर तकनीकी रूप से, सुरुज के सापेक्ष पृथिवी के चक्कर के कुल 24 घंटा में बाँटल जाला आ इहे एक दिन के समय होला। तकनीकी रूप से एकर गणना बीच रात से ले के अगिला बीच रात ले के समय के रूप में होला; बीच रात मने कि रात के बारह बजे, जेकरा के तकनीकी रूप से 00.00 AM के रूप में परिभाषित कइल जाला। एह किसिम के परिभाषा अनुसार जवन समय होला ओकरा के सौर दिवस (सोलर डे) कहल जाला।

अउरी सूछम रूप से बिबेचना कइल जाय तब साइडेरियल दिन के गणना कइल जाला जे ज्योतिष आ खगोल शास्त्र में इस्तमाल होले। एक साइडेरियल दिन ठीक ओह समय के बराबर होला जेतना देर में पृथिवी अपना धुरी पर एक चक्कर लगावे ले। काहें से कि पृथ्वी साथे-साथ सुरुज के चक्कर भी लगावे ले, एकदम सटीक नाप तब हो पावे ला अगर बहुत दूर मौजूद तारा सभ (नक्षत्र) के सापेक्ष पृथ्वी के चक्कर के नापल जाय; एही से हिंदी में एकरा के नाक्षत्र दिवस भी कहल जाला।

संदर्भ

Tags:

पृथ्वीसुरुज

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

आईपी पताग्रेनाइटआसामलैब्राडोर धाराराष्ट्रीय गीतपुच्छल ताराहिन्दुस्तान (अखबार)महुआ टीवीकिरण बेदीजन गण मनछेनारैदासइंडीगोस्पून्स सेक्स पोजीशनबांग्लादेशभोलातीस्ता नदीआंध्र प्रदेशमहात्मा गाँधी सेतुलिंगानुपातमिया खलीफालैटिनकृष्णा नदीव्लादिमीर पुतिन1965 के भारत-पाक युद्धगंगा नदीबिहार के अनुमंडल सभब्राज़ीलपुणेनैनी सेंट्रल जेलट्रांस हिमालयमहाराणा प्रतापग्रेट बैरियर रीफफागुनलीबियाधानहवाबनारस कैंट रेलवे स्टेशनज्ञानकोशगैर सरकारी संगठनइंडो-आर्यन भाषामहानंदा नदीजीएसएलवीनेपोलियनअक्षय कुमारफूलन देवीयूरी गगारिनप्रयाग प्रशस्तिलार्ड कार्नवालिसदैनिक भास्करलाहौरश्रीदेवीनेपालबबीना, उत्तर प्रदेशलीचीपीलकस्टीफन हॉकिंगबनारसअताउल्लाह ख़ानपहाड़ीकैस्पियन सागरहांगकांगभरतनाट्यमकिली पॉलस्पेनसंस्कृतिडिजिटल इंडियालियो टालस्टायमैना🡆 More