ताइवान: एशिया के एगो देस

ताइवान चाहे चीन गणराज्य (रिपब्लिक ऑफ चाइना) पूर्ब एशिया में एगो राज्य बा जेकरे पच्छिम आ उत्तर में चीन (पीआरसी), उत्तर पूरुब में जापान आ दक्खिन में फिलिपींस पड़ोसी देस बाने। ई यूनाइटेड नेशंस के सदस्य देस ना हवे आ अइसन सभसे ढेर जनसंख्या वाला राज्य हवे जे यूनाइटेड नेशंस में शामिल ना बा।

ताइवान: एशिया के एगो देस
चीन रिपब्लिक (ताइवान)

एह राजनीतिक इकाई में ताइवान दीप, पेंगबु, किंमेन, मात्सु आ अवरू छोट-छोट द्वीप शामिल बाड़न जौन चीन के मुख्य भूमी से दूर के पूर्वी तट पर स्थित बाने। ताइवान दीप के पहिले फारमूसा कहल जाय, 17वीं-सदी से पहिले लोकल मूल निवासी लोग दुआरा आबाद रहे। जब एह दीप पर डच आ स्पेनी लोग पहुँचल, सतरहवीं सदी के बाद इहाँ हान लोग के आवे में भारी बढ़ती भइल। एकरा बाद ई दीप किंग बंस के सासन में आइल जे चीन के अंतिम राजशाही रहल। एह बंस के शासक लोग जापान से भइल एगो जुद्ध में एह दीप के जापान के दे दिहलें। एकरा बाद चीन के मुख्य जमीन पर रिपब्लिक ऑफ चाइना (आरओसी) के स्थापना भइल; मने राजशाही खतम क के लोग के सासन वाली सरकार बनल। बाद में आरओसी एह दीप के जापान के कब्ज़ा से छोड़ा लिहलस लेकिन मुख्य जमीन पर चीन के क्रांति भइल आ सत्ता पीपल्स रिपब्लिक ऑफ चाइना, यानी के चीन (पीआरसी) के हाथ में चल गइल आ एह दीप पर चीनी रिपब्लिक के सासन बचल। ई 1971 ले यूनाइटेड नेशंस के सदस्य रहे आ एकरे बाद ई बाहर हो गइल आ चीन (पीआरसी) सामिल क लिहल गइल।

संदर्भ

Tags:

चीनजापानपूर्ब एशियाफिलिपींस

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

ऑक्सीजनकन्नड़ भाषाकालिदासभरत शर्माज्याँ द्रेजबोधगयापंजाबी भाषापौधाग्रेट लेक्सगुलदुम बुलबुलकृष्णदेव उपाध्यायअमरकंटकरानी चटर्जीइंडस्ट्रीकील नहरहुगली नदीदेवरिया जिलाबनइंस्टीट्यूशनल इन्वेस्टरभारतीय मसाला सभ के लिस्टसदाबहारअपरिग्रहमहाविद्याकजरीरामधारी सिंह 'दिनकर'जमशेदपुरहवा प्रदूषणअमेजन (कंपनी)लार्ड कार्नवालिसआस्ट्रेलियायतो धर्मस्ततो जयःधरती दिवसफोटोशॉपयेरुशलमभारत (बहुअर्थी)इलाहाबादकबीरचायपहाड़मोहम्मद अली जिन्नाएमी जैक्सनवाल्मीकि नेशनल पार्कउत्तर प्रदेशजगदीप धनखड़रामचरितमानसफ्लोरिडारावणडीडी न्यूजखेलकूदधान (जाति)करेंसीकजाकिस्तानफ्रांसीसी क्रांतिवल्ड वाइड वेबमहावीरएसिडआरागुलाबजनसत्ताअकबरकंगना राणावतभोजपुरी साहित्यगाँठ गोभीराष्ट्रीय गीतकोटा जिलासट्टामैरवाब्रह्मपुत्र नदीसमाजचेतेश्वर पुजाराबिहार में प्रशासनकुतुब मीनारयूआरएलबिहार के अनुमंडल सभमैदान🡆 More