ङ भारतीय अबुगीडा लिपि सभ के पाँचवा व्यंजन वर्ण हऽ आ क-वर्ग के पाँचवा (क-वर्ग= क, ख, ग, घ, ङ) अक्षर ह। ई अशोक के धम्मलिपि के अक्षर से गुप्ता लिपी के बनल आ फेर बाकि भारतीय लिपियन मे बदलल।
← Gha | Ṅa | Ca → | |||||||||||||||||||||||||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|
Devanagari | Ashoka Brahmi | Tibetan | Bengali | Tamil | |||||||||||||||||||||||||||
0919 | 11017 | 0F44 | 0999 | 0B99 | |||||||||||||||||||||||||||
Gurmukhi | Thai | Baybayin | Malayalam | Sinhala | |||||||||||||||||||||||||||
ਙ 0A19 | ง 0E07 | ᜅ 1705 | ങ 0D19 | ඞ 0D9E | |||||||||||||||||||||||||||
| |||||||||||||||||||||||||||||||
| |||||||||||||||||||||||||||||||
| |||||||||||||||||||||||||||||||
| |||||||||||||||||||||||||||||||
| |||||||||||||||||||||||||||||||
Phonemic representation: | /ŋ/ | ||||||||||||||||||||||||||||||
IAST transliteration: | nga Nga | ||||||||||||||||||||||||||||||
ISCII code point: | B7 (183) |
भोजपुरी भाषा में ङ अक्षर के ध्वनी बहुत प्रचलित ह। हिंदी के परभाव में शब्दन के लिखे के तरीका बदल गइल बा आ एह आवाज के अक्सर एह अक्षर के इस्तेमाल द्वारा अब लिखल छोड़ दिहल गइल बा। संस्कृत में कई शब्दन के एह अक्षर के सहायता से लिखल जाला आ एकर प्रयोग शुद्ध मानल जाला। ङ से कौनो शब्द के शुरुआत ना होखेला।
हिंदी में (खासतौर से पछाहीं हिंदी में) एह अक्षर के उच्चारण लगभग गायब हो चुकल बा आ एकरे जगह अं के मात्रा के बाद ग अक्षर के उच्चारण नियर बोलल जाए लागल बा। उदाहरण खातिर संस्कृत के गङ्गा अब हिंदी में गंगा के रूप में लिखल जाला। भोजपुरी में देखा-देखी गंगा लिखल जाला बाकिर अभिन भी बिहारी भाषा सभ (भोजपुरी, मैथिली, मगही) में ठेठ उच्चारण गङा भा गङ्ङा नियर होला।
निचे के उदाहरण में देखीं ङ के इस्तेमाल कहाँ होला:
रङ = रंग
रङ्ग = रंग
बङ्गाल = बंगाल
अङरेज = अंग्रेज
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article ङ, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.