कालानमक चाउर

कालानमक चाहे काला नमक, महकउवा चाउर के एगो भारतीय किसिम हवे। ई उत्तर प्रदेश के तराई वाला इलाका में, पुरबी हिस्सा में उपजावल जाला। सिद्धार्थनगर, उत्तरी गोरखपुर, बस्ती जिला आ महराजगंज जिला कुल में एह चावल के खेती होला। एकरे खास बिसेस्ता के कारन भारत सरकार एकरा के जीआइ (GI) टैग दिहले बा। उत्तर प्रदेश सरकार एह चाउर के एक जिला एक उत्पाद इस्कीम के तहत सिद्धार्थनगर खाती बिछले बा जे हमेशा से एह चाउर के मुख्य जगह रहल हवे।

कालानमक चाउर
काला नामक के धान, करिया रंग के भूसी होखे ला।
कालानमक चाउर
कुटाई के बाद निकलल काला नामक चाउर

एकरे रोपनी के तरीका भी खास किसिम के होला जेकरा के लोकल रूप से "कलम" सिस्टम कहल जाला। एह तरीका में धान के बेहन पहिले लम्मा-लम्मा रोपल जाला, पहिली रोपनी के लगभग पनरह दिन बाद दोबारा उखारि के आम दूरी पर रोपल जाला।

कथा कहानी के मोताबिक एह चाउर के जुड़ाव गौतम बुद्ध के साथे बतावल जाला। ई कहल जाला कि एकर बीया गौतम बुद्ध खास एह इलाका में उपराजे खाती दिहले रहलें। इहो मानल जाला कि अउरी कतहीं दुसरे इलाका में उपजावे पर एकर खास महक ना रहि जाला।

हाल में एकरे घटरहल बोवाई आ उत्पादन के चलते आ एकरे खास महक आ बिसेस्ता के बचावे खाती भी कोसिस कइल जा रहल बा। एकरा पर कई गो रिसर्च भी भइल बा।

जीआई टैग

कालानमक चाउर 
काला नमक के फसल खेत में भारत नेपाल बाडर प

कालानमक चाउर के भारत सरकार के ओर से 2012 में ज्याॅग्रफिकल इंडिकेशन (जीआई) टैग दिहल गइल। एक ठे भौगोलिक एरिया के परिभाषित कइल गइलल रहे जहाँ कालानमक चाउर के उत्पादन हो सकता। खाली एह परिभाषित इलाका में उगावल जाए वाला कालानमक चाउर के कालानमक चाउर के रूप में लेबल कइल जा सके ला। जीआई टैग के इस्तेमाल कृषि, प्राकृतिक अउरी निर्मित सामान खाती होखेला।

कालानमक खातिर एह टैग में बतावल भौगोलिक क्षेत्र यूपी में 26° 42′ उत्तर से 27° 75′ उत्तर अक्षांश आ 81° 42′ से 83° 88′ पूर्वी देशांतर के बीच बा।

यूपी के 7 के 11 जिला खातिर कलानमक चावल के मंजूरी मिलल बा। ई 11 गो जिला गोरखपुर (देवरिया, गोरखपुर, महराजगंज, सिद्धार्थ नगर जिला), बस्ती (बस्ती, संत कबीर नगर, सिद्धार्थ नगर जिला), आ देवीपाटन (बहराइच, बलरामपुर, गोंडा, श्रावस्ती जिला) के डिवीजन में स्थित बाड़ें।

संदर्भ

Tags:

उत्तर प्रदेशगोरखपुर जिलाचाउरजीआई टैगतराईबस्ती जिलामहाराजगंज जिलासिद्धार्थनगर जिला

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

आसामयमनलक्समबर्गओप्पो इलेक्ट्रानिक्सटाइम जोनरेलगाड़ीकंचनजंघापड़रौनाअमृता सुभाषमाइकल जैक्सनटॉरनैडोगूगल क्रोमऔरंगाबाद जिलाह्वांग होमन्नार के खाड़ीओमानतेजपुरहवा क्वालिटी इंडेक्सदिल्लीगूगलतुर्कीकॉमन सेंस (पम्फलेट)सिंधमैथ्यू अर्नाल्डयेरुशलमट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)लक्ष्मीनारायण मंदिरशाला झीलराहुल सांकृत्यायनप्राकृतिक प्रदेशरबींद्रनाथ टैगोररसड़ागुजरातमनुस्मृतिसंसारलिंगानुपातमुंबईगाजीपुर जिलामहाराणा प्रतापरवीना टंडनमदुरैमोबाइल फोनहावड़ा ब्रिजअताउल्लाह ख़ानमनेर शरीफकोपेन के जलवायु वर्गीकरणलार्ड कार्नवालिसपोर्न फिलिमगोवापोर्नोग्राफीरैदासमौर्य साम्राज्यचौथी राम यादवसंगमशिकागोबलियाँ रेलवे इस्टेशनधुआँशिवकार्बन मोनोऑक्साइडकृष्णदेव उपाध्यायबैकाल झीलमहीनाझरनाकैस्पियन सागरदूरबीनरवि किशनरामनाथ कोविंदगरमी (सीजन)नवादा जिलामहाकाल🡆 More