अखबार

अखबार (अंग्रेजी: Newspaper, हिंदी: समाचारपत्र, उर्दू: اخبار) एक ठो धारावाहिक प्रकाशन होला जे आमतौर पर समाचार (खबर), अउरी सूचना आ जानकारी परक लेख, आ परचार के सामग्री छापे ला। अक्सरहा ई एक ठो कम बढियाँ दर्जा के कागज, जेकरा के अखबारी कागज भी कहल जाला, पर छपे ला। बर्तमान में लगभग सगरी बड़ा अखबार सभ के ऑनलाइन प्रकाशन भी होत बाटे आ इनहन के ऑनलाइन अखबार या समाचार साइट कहल जाला।

अखबार, रोज-रोज, हप्तावार या महीना-वार छपे वाला हो सकेला जबकि कुछ हप्तावार छपे वाली अइसने चीज पत्रिका के रूप में होला जेकरा के साप्ताहिक पत्रिका कहल जाला।

आमतौर पर अखबार में राष्ट्रीय, अंतर्राष्ट्रीय आ लोकल स्तर के खबर; राजनीतिक बिस्लेषण, खेल जगत के खबर आ सिनेमासाहित्य से जुड़ल नया जानकारी छपे ला। लगभग सगरी प्रतिष्टित अखबारन में एक ठो पन्ना संपादकीय के भी होला आ आम-राय छापे के पन्ना भी होला जेकरा ऑप-ऍड पन्ना कहल जाला। दैनिक, यानि की रोज छपे वाला अखबार में साप्ताहिक रूप से अलग-अलग बिसय पर कुछ पन्ना के सप्लीमेंट भी छपे ला।

अखबार, पत्रकारिता के माध्यम के रूप में मीडिया के एक ठो प्रमुख अंग होला। ज्यादातर अखबार आजकाल बिजनेस बाड़ें जिनहन के आय के स्रोत बिक्री आ बिज्ञापन से बाटे। कुछ समाचार पत्र सरकारी फंडिंग वाला भी होलें (आंशिक भा पूरा तौर पर) जिनहन के जिंदा रहे खातिर कम मुश्किल हालत के सामना करे के पड़े ला। अखबार के चालू रहे आ लाभ में रहे खातिर कइल जाये वाला प्रयास के कारन अखबार के संपादकीय आजादी हमेशा केहू-न-केहू के इंटरेस्ट के बिसय रहे ला आ एही से ओह पर सवालिया निशान भी लगे ला।

अखबार अपना खबर खातिर खुद भी पत्रकार नियुक्त करे लें आ दूसरा समाचार एजेंसी सभ से भी खबर आ फोटो खरीदे लें।

साल 2005 के आसपास, पुरा दुनिया में रोज 6,580 अखबार छपें आ इनहन के 3950 लाख कॉपी बिके। बाद के समय में ऑनलाइन मीडिया के आगमन के बाद अखबारन के छपल संस्करण के बिक्री में गिरावट देखल गइल बाटे।

इहो देखल जाय

संदर्भ

बाहरी कड़ी

  • NewsTornado – अखबार के सर्कुलेशन के बिस्वव्यापी नक्शा।

Tags:

अंग्रेजीउर्दूकागजसमाचारहिंदी भाषा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

महात्मा गाँधीताजमहलमुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनफिनलैंडवाट्सएपसियोलकोष (जीवविज्ञान)ऋषिकेशबड़हरिया (सामुदायिक विकास खंड)भारतीय संविधान के आमुखमौलाना मज़हरुल हक़ अरबी फ़ारसी विश्वविद्यालयकंप्यूटरकाल्डेरामहाराजगंज, बिहारगोलघरगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनब्राज़ीलभारतीय शास्त्रीय भाषाकृति सैननतुंगभद्रा नदीजगदीशपुरवृंदावनभारत के सीमाकाजीरंगा नेशनल पार्कजगदीप धनखड़जमीनभोजपुरी क्षेत्रमदन मोहन मालवीयपर्यावरणगुरु तेग बहादुरइरीट्रियापूनम सिन्हाबिहार के प्रमंडल सभ के लिस्टमहाराष्ट्रक्यूआर कोडनरेंद्र मोदीहिंदी भाषाअमीर खुसरोई मेलफिलिपींसअलेक्जेंडर कनिंघमयूनानमैथ्यू अर्नाल्डभटिंडा जिलाभारतीय नेवीट्रिपल एक्स (2002 फिलिम)मानव भूगोलअनुकूलतम जनसंख्याजहाँगीरचंबल नदीप्रदूषणसुपरमूनपटना प्रमंडलरणवीर सिंहगौतम बुद्धगूगलनीलम गिरीअकबरग्लोबहवा प्रदूषणललित निबंधनई दिल्ली रेलवे स्टेशननिचला सदनसत्यमेव जयतेलखनिया दरी22 अप्रैलशेक्सपियरएंजाइमअरावलीशहरी भूगोलशाहाबाद जिलाआम🡆 More