अंग्रेजी: पच्छिम जर्मनिक भाषा

अंग्रेजी, भा अंग्रेज़ी भाषा (अंग्रेजी: English language) मूल रूप से इंग्लैंड क भाषा हवे जेवन अब हर ओ देश में बोलल जात बा जहाँ जहाँ अंग्रेज लोग राज कइलें। आज अमेरिका, आस्ट्रेलिया आ न्यूज़ीलैंड जइसन देशन में ई मुख्य भाषा बा आ भारतीय क्षेत्र में भी ए भाषा क चलन बहुत बा। भारत के मिजोरम नीयन कुछ राज्यन में ई सरकारी भाषा हवे।

अंग्रेजी
उच्चारण/ˈɪŋɡlɪʃ/
नृजातीयताEnglish people/Anglo-Saxons (historically)
मूल बोले वाला
360–400 million (2006)
L2 speakers: 750 million;
as a foreign language: 600–700 million
इंडो-यूरोपियन
  • Germanic
    • West Germanic
      • Ingvaeonic
        • Anglo-Frisian
          • Anglic
            • अंग्रेजी
प्रारंभिक रूप
Old English
  • Middle English
    • Early Modern English
      • अंग्रेजी
Signed forms
Manually coded English
(multiple systems)
ऑफिशियल स्टेटस
सरकारी भाषा बाटे
  • 67 countries
  • 27 non-sovereign entities
भाषा कोड
ISO 639-1en
ISO 639-2eng
ISO 639-3eng
Glottologstan1293
Linguasphere52-ABA
अंग्रेजी: इतिहास, भूगोलीय बिस्तार, इहो देखल जाय
  Regions where English is a majority native language
  Regions where English is official but not as a primary native language
This article contains IPA phonetic symbols. Without proper rendering support, you may see question marks, boxes, or other symbols instead of Unicode characters.
अंग्रेजी: इतिहास, भूगोलीय बिस्तार, इहो देखल जाय
EN (ISO 639-1)

भाषा बिज्ञान के बँटवारा के हिसाब से अंग्रेजी एगो पच्छिमी जर्मनिक भाषा हवे जे मध्यकालीन इंग्लैंड में बोलल जाय आ अब बैस्विक रूप से संपर्क भाषा (लिंग्वा फ़्रैंका) बन चुकल बा। प्राचीन काल में जर्मनिक मूल के एंगल्स नाँव के एगो जनजाति उत्तर-पूरुब दिशा से प्रवास क के इंग्लैंड आइल रहे जिनहन लोग के नाँव में एह भाषा के नाँव के जरि बा। अंतिम रूप से एह भाषा के नाँव बाल्टिक सागर में मौजूद एंग्लिया या एंग्लेन नाँव के प्रायदीप के नाँव पर पड़ल। अपना उच्चारण आ ब्याकरण के हिसाब से ई फ्रायसियन भाषा से सभसे नजदीक हवे, हालाँकि, एकरे शब्दभंडार में कई गो जर्मनिक भाषा सभ के परभाव सुरुआती मध्यकाल में पड़ल आ बाद में एह पर रोमांस भाषा सभ, खासतौर पर फ्रांसीसीलैटिन भाषा, के परभाव बहुत ढेर पड़ल।

इतिहास

प्रोटो-जर्मनिक भा पुरनकी अंग्रेजी

अंग्रेजी भाषा के सुरुआती रूप के पुरनकी अंग्रेजी (ओल्ड इंग्लिश) या एंग्लो-सैक्सन (c. 550–1066 CE) कहल जाला। पुरनकी अंग्रेजी के बिकास नार्थ सागर के आसपास के जर्मनिक बोली सभ से भइल जे फ्रायसिया, लोवर सैक्सनी, जटलैंड आ दक्खिनी स्वीडन में बोलल जाँय। एह बोली सभ के बोले वाला लोग के एंगेल्स, सैक्सन आ जट लोग कहल जाला। पाँचवीं सदी में ईहे ऐंग्लो-सैक्सन लोग उत्तर से आ के ब्रिटेन में बसे सुरू कइल आ ब्रिटेन से रोमन लोग के लखेदे सुरू कइल। सातवीं सदी के अंत ले रोमन लोग ब्रिटेन से बहरिया गइल आ जर्मनिक मूल के ऐंग्लो-सैक्सन भाषा ब्रिटेन के रोमानी भाषा सभ (43–409 CE) क जगह ले लिहलस। एह रोमनी भाषा सभ में: आम ब्रितानी, एगो सेल्टिक आ लैटिन भाषा रहे जे सीजर द्वारा ब्रिटेन पर कब्ज़ा के समय के बाद इहाँ स्थापित भइल रहे। इंग्लैंड आ इंग्लिश (मूल रूप से ÆnglalandÆnglisc) एही एंगल्स लोग के नाँव पर पड़ल हवे।

मध्यकालीन अंग्रेजी

आठवीं से बारहवी सदी के बीच, पुरनकी अंग्रेजी धीरे-धीरे क्रमिक रूप से कई भाषा सभ के संपर्क के कारण मध्यकालीन अंग्रेजी (मिडिल इंग्लिश) के रूप लिहलस। एगो अट्रेंडम तरीका से मिडिल इंग्लिश के सुरुआत के विलियम (दि कॉन्करर) के इंगलैंड बिजय 1066 से भी जोड़ल जाला हालाँकि, एकर बिकास 1200–1450 के बीच ले के समय तक ले होखत रहल।

बारहवीं सदी तक पहुँचत-पहुँचत मिडिल इंग्लिश के पूरा बिकास हो गइल। एह में नॉर्स आ नॉरमन बिसेसता आ लच्छन सभ के समन्वय हो गइल आ इहे भाषा सुरुआती मॉडर्न अंग्रेजी (1500) के बिकसित होखे से ठीक पहिले तक ले बोलल लिखल गइल। एह जमाना के साहित्यिक रचना में ज्यॉफ्री चौसर के दि कैंटरबरी टेल्स आ मैलरी के ले मोर्टे डि 'आर्थर के नाँव गिनावल जाला। एह दौर में क्षेत्रीय बोली सभ के साहित्य में प्रयोग में बढ़ती भइल आ ई चौसर नियर लोग द्वारा खास परभाव पैदा करे खातिर इस्तेमाल कइल गइलीं।

सुरुआती आधुनिक अंग्रेजी

अंग्रेजी भाषा के इतिहास में अगिला दौर के सुरुआती मॉडर्न इंग्लिश (1500–1700) के दौर कहल जाला। एह काल में जवन भाषा बिकसित भइल ओह में शामिल होखे वाला नया लच्छन रहलें: ब्यापक स्वर घसकाव (ग्रेट वॉवेल शिफ्ट) (1300-1700), इन्फ्लेक्शन के सहज होखल, आ भाषाबैज्ञानिक मानकीकरण (स्टैंडराइजेशन)।

भूगोलीय बिस्तार

अंग्रेजी: इतिहास, भूगोलीय बिस्तार, इहो देखल जाय 
मूलभाषा के रूप में अंग्रेजी बोले वाला लोग के प्रतिशत

साल 2016 तक ले दुनिया में कुल 400 मिलियन (40 करोड़) लोग मूलभाषा के रूप में अंग्रेजी बोले वाला रहल, मने कि एह लोग के पहिली भाषा अंग्रेजी हवे; लगभग 1.1 बिलियन लोग एकरा के दुसरी भाषा के रूप में बोले वाला रहल। अनुमान इहे बा कि अंग्रेजी साइद दुनिया के तिसरी सभसे ढेर बोलल जाए वाली भाषा बा जेकरा से आगे दू गो भाषा बाड़ी सऽ, दुनिया के सभसे ढेर लोग द्वारा बोलल जाये वाली मैंडारिन, आ दुसरा नमर पर सभसे ढेर बोलल जाए वाली स्पेनिश भाषा। हालाँकि, मूलभाषा आ गैर-मूलभाषा के रूप में बोले वाला लोग के जोड़ दिहल जाय तब जरूर हो सकेला कि ई दुनिया के सभसे बड़ भाषा होखे, निर्भर एह बात पर बा कि अइसन अनुमान कवना परिभाषा के आधार पर लागावल जा रहल बा। अंग्रेजी बोले वाला लोगन के समुदाय हर महादीप, दीप आ समुंद्री इलाका में जरूर मिल जाई।

जवना देस सभ में अंग्रेजी बोलल जाला उनहन के अलगा-अलगा समूह में बाँट के भी देखल जा सकत बा। आमतौर पर ई तीन गो सर्किल के रूप में बाँटल जाला: "अंदरूनी सर्किल" में अइसन देस आवे लें जहाँ के मूलभाषा अंग्रेजी हवे या फिर जहाँ के भाषा अंग्रेजी के ऊँच साहित्यिक स्टैंडर्ड आ एकरे चालढाल के तय करे ला। अंग्रेजी कौनों एगो देस के भाषा ना बा, न इ खाली अइसने देस सभ के भाषा बा जहाँ अंगरेज लोग जा के बस गइल। कई अइसन देस भी बाने जहाँ कुछे अंगरेज लोग जाके बसल बाकिर ई भासा उहाँ के राष्ट्रभाषा बाटे। एकरे अलावा ई अंतरराष्ट्रीय लेवल पर आपसी संबाद आ संपर्क के भाषा में भी बिकसित हो चुकल बा आ भूगोल के कौनों भी हिस्सा में जहाँ दू लोग एक दुसरा के भाषा न बूझत होखे, एकर इस्तेमाल क सके ला।

अंग्रेजी के तीन गो हल्का

ऊपर बतावले गइल बा कि अंग्रेजी बोले वाला बिस्व के तीन को सर्किल भा हल्का में बाँटल जाला। तीन हल्का वाला एह मॉडल में "अंदरूनी हल्का" (इनर सर्किल), में अइसन देस आवे लें जहाँ के बिसाल लोकल समुदाय मूल भाषा भा महतारी भासा के रूप में बोले सीखे ला, "बाहरी हल्का" (आउटर सर्किल) में मूलभासा के रूप में अंग्रेजी जाने बोले वाला लोग के संख्या कम बा बाकी दुसरी भासा के रूप में एकर ब्यापक चलन बा आ पढ़ाई-लिखाई आ मीडिया प्रसारण सभ में अंग्रेजी के बहुतायत से इस्तमाल हो रहल बा आ सरकारी कामकाज में भी एकर भरपूर इस्तमाल हो रहल बा, अंत में "बिस्तारवान हल्का" (एक्सपैंडिंग सर्किल) बा जहाँ के लोग बिदेसी भाषा के रूप में अंग्रेजी सीखे-पढ़े ला। अंग्रेजी भासा के भूगोलीय बिस्तार के ई मॉडल भारतीय भाषाबिग्यानी ब्रज काचरू के दिहल गइल हवे आ ई अंगरेज लोग आ अंग्रेजी के इतिहासी बिस्तार के आधार पर बनावल गइल हवे।

अंग्रेजी: इतिहास, भूगोलीय बिस्तार, इहो देखल जाय 
ब्रज काचरू के दिहल अंग्रेजी के तीन सर्किल मॉडल।

अइसन देस जहाँ अंग्रेजी के मूलभासाभासी (नेटिव स्पीकर) लोग बहुतायत में बा, अंदरूनी हल्क़ा के रूप में चिन्हित कइल गइल बा आ एह में अमेरिका, यूनाइटेड किंगडम, आस्ट्रेलिया, कनाडा, आयरलैंड आ न्यूजीलैंड के सामिल कइल गइल बा जबकि उल्लेखनीय संख्या में बोले वाला लोग के आबादी होखे के कारन दक्खिन अफिरका के भी एही सर्किल में गिनल जाला। मूलभासा के रूप में अंग्रेजी बोले वाला लोग के आबादी के हिसाब से सजावल जाय तब सभसे ऊपर यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका (कमसेकम 231 मिलियन या 23.1 करोड़), आ एकरे बाद घटत क्रम से यूनाइटेड किंगडम (60 मिलियन भा 6 करोड़), कनाडा (19 मिलियन या 1.9 करोड़), आस्ट्रेलिया (कम से कम 17 मिलियन), दक्खिन अफिरका (4.8 मिलियन या 48 लाख), आयरलैंड (42 लाख), आ न्यूजीलैंड (37 लाख) के नाँव गिनावल जा सके ला। एह देस के बच्चा अपना माई-बाबू से अंग्रेजी सीखे लें आ लोकल लोग जिनहन लोग के आपन भाषा कवनों दूसर बा या बाहर से आ के बसे वाला लोग (इमिग्रेंट) एह माहौल में आ कामकाज के जगह पर बातचीत करे खातिर अंग्रेजी सीखे ला। ई अंदरूनी हल्क़ा एगो अइसन आधार भा बेस देला जहाँ से बाहर के ओर अंग्रेजी के बिस्तार होला।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

अंग्रेजी इतिहासअंग्रेजी भूगोलीय बिस्तारअंग्रेजी इहो देखल जायअंग्रेजी संदर्भअंग्रेजीअमेरिकाइंग्लैंडऑस्ट्रेलियान्यूज़ीलैंडभाषामिजोरम

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

विवेकी रायरामनउमीकॉमन एरापीलकमिस्रमैदानकाशी विश्वनाथ मंदिरस्वतंत्रता दिवस (भारत)बकरीदइलाहाबाद के संधिकिलोग्रामब्राज़ीलमिशनरी पोजीशनज्योतिकाअल्बर्ट आइंस्टीनपुर्तगालभारत के भूगोलपेरियारकल्पना पटवारीकुसुमी जंगलवशिष्ठ नारायण सिंहभोजपुरी खानामॉब लिंचिंगहिमालयआमिर खानपृथ्वी के घूर्णनमोबाइल फोनकारमहात्मा गान्धीफ्रांसीसी भाषाभारतीय राज्यन के वर्तमान मुख्यमंत्री लोग के लिस्टभारतीय शास्त्रीय भाषाग्लेशियरबैजंतीबिसुवत रेखाउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टप्रादेशिक भूगोलमगध प्रमंडलबाबरदमकमैंगीफेरा इंडिकाललित निबंधमन्नार के खाड़ीबराबर गुफासभभैरो बाबाबेसनउत्तराखंडपहाड़ीमहावीरमदर टेरेसालाल किलाकृष्णा सोबतीमहारानी के घोषणापत्रमीरा कुमारउत्तर प्रदेश के नाचगुरु तेग बहादुरज्वालामुखीसर्वनामसंभोगअलेक्जेंडर कनिंघमयाहू!इस्तांबुलकुंचिकल झरनाइजराइलकृति सैननराजनाथ सिंहअताउल्लाह ख़ानअस्पतालआदि पराशक्तिपटना प्रमंडलक्राइम पेट्रोल2023बाघऊटी🡆 More