बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया

बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया (Battlegrounds Mobile India) चाहे संछेप में बिग्मी (BGMI), जेकरा पहिले पबजी मोबाइल इंडिया (PUBG Mobile India) के नाँव जानल जात रहे, एगो ऑनलाइन मल्टीप्लेयर बैटल रोयाल गेम वीडियोगेम बाटे जे भारत खातिर क्राफ्टोन द्वारा प्रकाशित कइल गइल बाटे। ई गेम खास भारत के प्रयोगकर्ता लोगन खातिर बाटे।

बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया
डेवलपरक्राफ्टोन
पब्लिशरक्राफ्टोन
गेम इंजनअनरियल इंजन 4
प्लेटफार्मएंड्रॉइड
रिलीज2 जुलाई 2021 (एंड्रॉइड)
जेनरेबैटल गेम
मोडमल्टीप्लेयर

6 मई 2021 के गेम के घोषणा कइल गइल। एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोग खातिर एह गेम के प्री-रजिस्ट्रेशन के शुरुआत 18 मई 2021 से भइल आ सुरुआती एक्सेस वाला बीटा वर्शन 17 जून 2021 के खाली एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज कइल गइल। गेम 2 जुलाई 2021 के एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज क दिहल गइल। हालाँकि, अइसन रपट बा कि क्राफ्टोन एकर आइओएस (iOS) वर्शन जल्दिये रिलीज करे वाला बाटे।

इतिहास

2 सितंबर 2020 के भारत सरकार के इलेक्ट्रानिक्स आ इन्फार्मेशन टेक्नालजी मंत्रालय भारत में पबजी मोबाइल के अउरी 117 गो चाइनीज एप सभ के ऊपर रोक लगा दिहलस। एकरा खातिर ई तर्क दिहल गइल की चाइनीज एप सभ अइसन काम में लागल बाड़ें जे भारत के संप्रभुता खातिर खतरा हो सके ला, पब्लिक ऑर्डर के नोकसान पहुँचावे वाला हो सके ला आ ई रोक इन्फार्मेशन टेक्नालजी एक्ट के धारा 69ए के तहत लगावल गइल। 2020 के नवंबर में कुछ अइसन खबर आइल की पबजी (PUBG) भारत खातिर नया नाँव पबजी मोबाइल इंडिया के नाँव से आवे वाला बाटे। 24 नवंबर 2020 के एगो समाचार दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया में छपल जेह में ई रिपोट कइल गइल रहल कि पबजी कार्पोरेशन आ दक्खिन कोरियाई बीडियोगेम कंपनी क्राफ्टोन इंक. पबजी इंडिया प्राइवेट लि. के नाँव से रजिस्ट्रेशन करा रहल बाड़ीं जे भारत सरकार के कार्पोरेट मामिला के मंत्रालय के अधीन करावल जा रहल बा जवना से कि पबजी मोबाइल इंडिया के दोबारा लांच कइल जा सके।

मई 2021 में अइसन पता लागल की भारत के गेमिंग बजार में घुसे खातिर पबजी मोबाइल अपना के बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया के नाँव से री-ब्रांड क रहल बाटे। एकरे बाद, 7 मई 2021 के दि इंडियन एक्सप्रेस अखबार ई रिपोट कइलस की क्राफ्टोन एगो प्रेस रिलीज में ई कन्फर्म कइले बा की ऊ भारत में पबजी के नियन गेम बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया के नाँव से उतारे जा रहल बाटे।

डेटा प्राइवेसी के उलंघन मामिला

एकदम सुरुआती एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन भइल रिलीज में, 21 जून 2021 के आइजीएन इंडिया (आइजीएन इंडिया) पहिली बेर ई रपट कइलस कि प्रयोगकर्ता लोगन के एंड्रॉइड डिवाइस सभ के डेटा चीन में मौजूद टेंसेंट के मलिकाई वाला सर्वर पर भेजल जा रहल बा। दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया के रिपोट रहल कि एकरा पाछे एगो कारण ई हो सकेला की क्राफ्टोन प्रयोगकर्ता लोगन के दिसंबर 2021 तक ले खातिर ई एलाऊ क रहल बा कि लोग आपन पबजी वाला गेम डेटा के बीजीएमआइ (BGMI) पर ट्रांसफर क सकत बाटे।

एह डेटा सझियाई के उलंघन के रिपोट के बाद क्राफ्टोन एगो छोटहन इन-गेम अपडेट 22 जून 2021 के रिलीज कइलस जवना से की चीन में मौजूद सर्वर पर डेटा सझिया करे के समस्या के फिक्स कइल जा सके। हालाँकि, इहो रिपोट कइल गइल की गेम चीन में मौजूद सर्वर सभ के पिंग क सके ला अगर प्रयोगकर्ता आपन एप्लीकेशन डेटा डिलीट करे लोग।

रिलीज

6 मई 2021 के गेम के घोषणा कइल गइल। एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोग खातिर एह गेम के प्री-रजिस्ट्रेशन के शुरुआत 18 मई 2021 से भइल आ सुरुआती एक्सेस वाला बीटा वर्शन 17 जून 2021 के खाली एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज कइल गइल। गेम 2 जुलाई 2021 के एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज क दिहल गइल। हालाँकि, अइसन रपट बा कि क्राफ्टोन एकर आइओएस (iOS) वर्शन जल्दिये रिलीज करे वाला बाटे।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Tags:

बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया इतिहासबैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया डेटा प्राइवेसी के उलंघन मामिलाबैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया रिलीजबैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया इहो देखल जायबैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया संदर्भबैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडियाक्राफ्टोनबैटल रोयाल गेम

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

हवा क्वालिटी इंडेक्सकार्बनमार्क ज़करबर्गटॉरनैडोपहाड़रवि किशनभारविझंडासौर मंडलफेसबुकअजीत डोभालधनगढीकालिदासपृथ्वी के घूर्णनहिमाचल प्रदेशभारतीय राज्यन के वर्तमान गवर्नर लोगन के लिस्टएसिडकृष्णदेव उपाध्यायमिया खलीफाकेसरिया रंगफासीवादपातालतोड़ कुआँगाजीपुरसनी लियोनीपेरियारग्रेट डिवाइडिंग रेंजकजाकिस्तानबनारस के घाटबाबा धामविन्सेंट वान गॉगजन गण मननेपोलियनभारतीय संविधानयूरोप के भूगोलद्रौपदी मुर्मूभाग्यश्रीपरभणी जिलामुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनभारत के नेशनल पार्क सभ के लिस्टग्लेशियरमहादेवी वर्माअंग्रेजीचंद्रशेखर आज़ाद रावणआईएसबीएनभैरो बाबाउत्तर प्रदेश के नाचगोंडवाना लैंडबुलबुलमहाराजगंज, बिहारबिंदुसारनरेंद्र मोदीस्विट्जरलैंडनागवासुकी मंदिर, इलाहाबादलीची2015 क्रिकेट विश्व कपचुआर विद्रोहकुंचिकल झरनाचिरईगाँड़ईटानगरवैदिक कालवायुमंडलकेसर के पौधाकोष (जीवविज्ञान)म्यूजियमउत्तर प्रदेशपूर्वांचलपाकिस्तानसती (प्रथा)मंगल ग्रहमहात्मा गाँधी सेतुशहरी भूगोलमानव भूगोलगुरु तेग बहादुरनैनी सेंट्रल जेलफ्लोरिडाहरसिंगार🡆 More