पहाड़

पहाड़ चाहे परबत, (अंग्रेजी: Mountain, हिंदी: पर्वत) जमीन के रुप चाहे थलरूप ह जौन बड़ आकार के होला आ अपने आस-पास के इलाका से बहुत ऊँच होला साथे साथ एकर साइड बहुत तेज ढाल वाला होला आ बहुधा एकर सभसे ऊँच जगह नोकदार चोटी के रूप में होखे ला। पहाड़ी के तुलना में एकर ऊँचाई आ ढाल दुनों ढेर होखे ला।

पहाड़
आर्मेनिया से देखले पर माउंट अरारात
पहाड़
पृथ्वी के सतह पर सभसे ऊँच पहाड़ माउंट एवरेस्ट क चोटी

पहाड़ सभ के निर्माण पृथ्वी के अंदरूनी हलचल, टैक्टॉनिक हलचल के कारन या ज्वालामुखी क्रिया के कारन होला। ई ताकत सभ लोकल रूप से जमीन के ऊँच क के पहाड़ के निर्माण क देलीं। पहाड़ सभ के ऊंचाई में कमी बहुत धीरे-धीरे चट्टान के टूटन आ पानी हवा आ ग्लेशियर द्वारा खरोहल जाए के कारन होला। कुछ पहाड़ अकेल ऊँच आकृति आ चोटी वाला होखे लें जबकि ज्यादातर परबत सभ बिसाल परबत श्रेणी के रूप में होखे लें।

ऊँचाई के कारण परबत के ऊपरी हिस्सा में तापमान कम होखत जाला, काहें कि ऊपर जाए पर हवा के घनापन कम होखत जाला। एही कारण परबत सभ पर ऊपरी हिस्सा में अलगा किसिम के इकोसिस्टम आ पर्यावरण बन जाला। जादे ऊँचाई वाला परबत सभ पर चोटी बरफ से तोपाइल भी हो सके ला।

हिमालय विश्व में सबसे बड़ पहाड़ हवे आ एका सबसे ऊँच चोटी माउंट एवरेस्ट समुंद्र तल से 8,850 मी (29,035 फीट) के ऊँचाई पर बा जे बिस्व के सबसे ऊँच परबत चोटी हवे। विश्व क सबसे लमहर पहाड़ एंडीज हवे जेवन दक्षिण अमेरिका में बाटे। जहाँ तक हमनी के सौर मंडल के कौनों भी ग्रह पर अबतक ले मालुम सभसे ऊँच परबत के बात बा, हमनी के सौर मंडल के सदस्य मंगल ग्रह पर ओलिंपस मॉन्स नाँव के परबत सभसे ऊँच परबत 21,171 मी (69,459 फीट) ऊँचाई वाला बाटे।

संदर्भ

बाहरी कड़ी

  • "Mountain" . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में). Vol. 18 (11वाँ ed.). 1911.
  • पहाड़  Quotations related to Mountains at Wikiquote
  • पहाड़ category at Wikimapia

Tags:

अंग्रेजीचोटी (थलरूप)जमीनथलरूपपहाड़ीहिंदी भाषा

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

कटिहारमनी प्लांटसिरफलबिहारी भाषाग़ालिबमनोज तिवारीकावेरी नदीजार्ज ग्रियर्सनदुधवा टाइगर रिजर्वपेरियारगाजीपुर जिलाउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टएक्सवीडियोजभारतीय मसाला सभ के लिस्टअंग्रेजीदामोदर नदीमहाजनपदइस्कान मंदिर, दिल्लीमाहेश्वर सूत्रधर्मशाला, हिमाचल प्रदेशसमुद्रगुप्तअस्पतालस्तूपगीतगोविंदम्महारानी के घोषणापत्रभारतीय शास्त्रीय भाषाशारदा नदीआदमीमहेश बाबूमंगल ग्रहप्रदूषणलक्ष्मीनारायण मंदिरपहाड़ीग्रहचंद्रगुप्त मौर्यडेजर्ट नेशनल पार्कबनधानलंदनलियोनार्डो डा विंचीछोटानागपुर पठारसोनपुर मेलागणेशदुसरी बौद्ध संगीतिकाजीरंगा नेशनल पार्कओसामा बिन लादेनबाघसिवान जिलाविवेकानंदहीलियमअंकगणितचंद्रशेखर आज़ाद रावणहिंदू धर्ममहाबली खलीपोर्नोग्राफीआसारामएंजाइमलोकसभाट्यूनीशियास्तनटाइम जोनकार्ल मार्क्सतिथिभगत सिंहद्रौपदी मुर्मूहवाई फोटोग्राफीनवंबरचायनारियल🡆 More