जानवर, जनावर या प्राणी (अंग्रेजी: Animal) बहुकोशिकीय, यूकैरियोटिक जीवधारी बा जवन एनिमेलिया किंगडम (प्राणी जगत) के अंतर्गत आवेलें। सगरी जानवर गमनशील होलें, माने की चल फिर सके लें। वयस्क भइला पर जानवर के शरीर एगो स्थाई रूप ले लेला, हालांकि, कुछ जानवर सभ में बाद में भी बदलाव होत रहे ला। सगरी जानवर हेट्रोट्रॉफ होलें, माने की, जिंदा रहे खातिर दूसरे जीवधारी खा के पचावे के परेला या कौनों दूसरे जीवधारी के उत्पाद के खा के पचावे लें।
जानवर Animals समय बिस्तार: Cryogenian – वर्तमान, 670–0Ma Had'n Archean Proterozoic Pha. | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
(बिना रैंक कइल): | Filozoa |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) Linnaeus, 1758 |
संघ (फाइला) | |
| |
अउरी दूसर नाँव | |
|
जानवर के उत्पत्ति पृथ्वी पर अब से लगभग 542 मिलियन (5420 लाख) बरिस पहिले, कैम्ब्रियाई बिस्फोट के समय भइल रहे। इनहन के कई बिभाग में बाँटल जाला जवना में प्रमुख बाटें: वर्टीब्रेट (चिरई, मैमल, एम्फिबियन, रेप्टाइल, मछरी); मोलस्कस (क्लैम्स, ऑइस्टर्स, ऑक्टोपस, स्क्विड, घोंघा); आर्थोपोड्स (मिलिपेड, सेंटीपीड, किरौना, मकड़ी, बिच्छी, खेखड़ा, लोबस्टर, झींगा); अनेलिड्स (केंचुआ); स्पंज आ जेलीफिश।
Find more about Animalia at Wikipedia's sister projects | |
Definitions from Wiktionary | |
Media from Commons | |
News stories from Wikinews | |
Quotations from Wikiquote | |
Source texts from Wikisource | |
Textbooks from Wikibooks | |
Learning resources from Wikiversity |
ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
This article uses material from the Wikipedia भोजपुरी article जानवर, which is released under the Creative Commons Attribution-ShareAlike 3.0 license ("CC BY-SA 3.0"); additional terms may apply (view authors). सामग्री CC BY-SA 4.0 की तहत उपलब्ध बा जबले कि अलगा से बतावल न गइल होखे। Images, videos and audio are available under their respective licenses.
®Wikipedia is a registered trademark of the Wiki Foundation, Inc. Wiki भोजपुरी (DUHOCTRUNGQUOC.VN) is an independent company and has no affiliation with Wiki Foundation.