ओंटेरियो: कनाडा के प्रांत

ओंटेरियो (अंग्रेजी: Ontario) कनाडा के तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र में से एगो प्रांत बा। बिचला कनाडा में स्थित ई प्रांत, कनाडा के सभसे बेसी आबादी वाला प्रांत हवे, जहाँ देस के लगभग 38.3 परसेंट लोग रहे ला। रकबा के हिसाब से ई दुसरा सभसे बड़हन प्रांत हवे (क्यूबेक के बाद)। राज्यक्षेत्र सभ के सामिल कइल जाय तब ई कनाडा के चउथा सभसे बड़हन क्षेत्र हवे (नार्थवेस्ट टेरिटरी आ नुनावुत एकरा ले बड़ बाड़ें)। कनाडा देस के राजधानी ओटावा एही प्रांत में बाटे आ कनाडा के सभसे बड़ शहर टोरंटो भी एही प्रांत में बा जे एकर प्रांतीय राजधानियो हवे।

ओंटेरियो के पच्छिम में मैनीटोबा प्रांत, उत्तर में हडसन खाड़ी आ जेम्स खाड़ी, आ पूरुब में आ उत्तर-पूरुब में क्यूबेक प्रांत बाड़ें; एकर दक्खिनी सीमा अमेरिका के पाँच गो राज्यन से सटल बाटे (पच्छिम से पूरुब के क्रम में) मिनेसोटा, मिशिगन, ओहायो, पेंसिलवेनिया आ न्यू यॉर्क। ओंटेरियो के लगभग पूरा सीमा जे अमेरिका के साथे बा, जलमार्ग सभ के सहारे बाटे, चाहे ऊ नदी होखें चाहे झील। इनहन में लेक ऑफ़ द वुड्स, रेनी नदी, पिजन नदी, सुपीरियर झील, सेंट मारिस नदी, ह्यूरन झील, सेंट क्लेयर झील, डेट्रॉइट नदी, इरी झील, नियाग्रा नदी, ओंटेरियो झील आ सेंट लॉरेंस नदी शामिल बाड़ें। खाली भर लगभग 1 किलोमीटर के जमीनी बाडर मिनेसोटा के साथे, पोर्ताज के रूप में बने ला।

भूगोलीय रूप से ओंटेरियो के दू हिस्सा में बाँटल जाला, उत्तरी ओंटेरियो आ दक्खिनी ओंटेरियो। अधिकतर खेती जोग जमीन आ आबादी दक्खिनी ओंटेरियो में बाटे। एकरे बिपरीत बड़हन उत्तरी ओंटेरियो में छिटपुट आबादी बा जहाँ कड़ेरे जाड़ परे ला आ बहुधा बन वाला इलाका बाड़ें।

Tags:

अंग्रेजीओटावाकनाडाकनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्रक्यूबेकटोरंटो

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

बिराटनगरसिंधु जल समझौताकबिताईऔरंगजेबरेपसीडडैनी डेनियल्ससट्टापाणिनिकेरलकलिंग युद्धकाहिराकैश (कंप्यूटिंग)महावीर जयंतीचिया सीड्सफागुनहिमालयविद्यापतिक्लाइटोरिसमोजाम्बिकउत्तर प्रदेशग़ालिबराजनाथ सिंहउर्दूसतुआनब्लॉगसंघ राज्यक्षेत्रकोलोरैडो नदीसियोलमुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशनधमेक स्तूपनर्मदा नदीअप्लेशियन परबतदुबईकाशी विश्वनाथ मंदिरमिया खलीफादशरूपकम्तेजस्वी यादवमहाराष्ट्र के जिला सभ के लिस्टक्यूआर कोडउत्तर प्रदेश के मंडल सभ के लिस्टशारदा नदीनवका यमुना पुलनिकोला टेस्लाकोंकणी भाषापटना जंक्शननारायणी नदीसावनशाहजहाँहरसिंगारसेक्स पोजीशनमुंबईकैलेंडरमगहीगोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशनअरवल जिलाविष्णुमैथ्यू अर्नाल्डयूनानी भाषानासामीनाक्षी लेखीप्रकाश राजशतरंजचकोरअंगोलाभारतीय मसाला सभ के लिस्टनार्वेझेलम नदीजानकारीमहतारीजो बाइडनपटना प्रमंडलभारत के जनगणना, 2011कलकत्ता विश्वविद्यालयचारमीनार🡆 More