आईएसबीएन

आइ॰एस॰बी॰एन॰ या पूरा नाँव इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर (अंग्रेजी: International Standard Book Number) एगो यूनीक नंबर होला जवन किताब के पहिचानक होला।

इंटरनेशनल स्टैंडर्ड बुक नंबर
International Standard Book Number
{{{image_alt}}}
एगो 13-अंक के आइ॰एस॰बी॰एन॰, 978-3-16-148410-0, EAN-13 बार कोड के रूप में भी देखावल गइल बा]]
छोट नाँवआइ॰एस॰बी॰एन॰ (ISBN)
सुरू भइल1970 (1970)
संगठन
जे मैनेज करे ला
इंटरनेशनल आइ॰एस॰बी॰एन॰ एजेंसी
अंक संख्या13 (पहिले 10)
जाँच अंकभारित जोड़
उदाहरण978-3-16-148410-0
वेबसाइटwww.isbn-international.org

हर किताब के अलग-अलग संस्करण (रिप्रिंट के ना) के एक ठो अकेल आ एकलौता आइ॰एस॰बी॰एन॰ दिहल जाला। उदाहरण खातिर कौनों किताब अगर पेपरबैक, हार्डकवर आ ई-बुक के रूप में छपे तब तीनों के अलग-अलग आइ॰एस॰बी॰एन॰ होखी। ई तेरह अंक के लंबाई वाला संख्या होला अगर 1 जनवरी 2007 के बाद दिहल गइल होखे आ 10 अंक के होला अगर एह से पहिले दिहल गइल होखे। एह निसानी देवे के तरीका में अलग-अलग देस में भी कुछ अंतर मिले ला आ प्रकाशन संस्था अपना क्षेत्र में केतना नामी बाते एहू के भी धियान में रखल जाला।

आइ॰एस॰बी॰एन॰ के फ़ायदा ई बाटे कि एकरा द्वारा दुनियाँ में कहीं छपल किताब के एक ठो बिसेस पहिचान हासिल हो जाले जेकरा मदद से एकरा के खोजल आ एकर जानकारी साझा करे में सुबिधा हो जाला।

एकर सुरुआती रूप 1967 में लागू 9-अंक के स्टैंडर्ड बुक नंबर (एसबीएन) रहल। 10 अंक के लंबाई वाला कोड के सुरुआत अंतरराष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ पहिली बेर ISO 2108 के रूप में छपल।

एही के नियर एक ठो पहिचानक जर्नल आ पत्रिका सभ खातिर भी बा जेकरा के आई॰एस॰एस॰एन॰ (ISSN) कहल जाला, आ संगीत से संबंधित चीज के पहिचानक आई॰एस॰एम॰एन॰ (ISMN) होला।

इतिहास

स्टैंडर्ड बुक नंबरिंग (SBN) कोड एक ठो नौ अंक के कामर्शियल किताब पहिचानक हवे जेकरा के ट्रिनिटी कॉलेज, डब्लिन के एमेरिटस प्रोफ़ेसर, गौर्डन फोस्टर ईजाद कइलेन, 1965 में आ ई किताब बेचे वाला आ स्टेशनरी बेचे वाला लोग खातिर बनावल गइल रहल। 1967 में यूनाइटेड किंगडम में डेविड वाइटकर आइएसबीएन कंफिगरेशन पहिचान बनवलें (जिनके "आइएसबीएन के पिता" कहल जाला) आ 1968 में अमेरिका में एमरी कोल्टे द्वारा बनावल गइल जे बाद में अमेरिकी आइएसबीएन एजेंसी के डाइरेक्टर भी बनलें।

10-अंक वाला आइएसबीएन के पहिली बेर अंतर्राष्ट्रीय मानकीकरण संस्था (ISO) द्वारा बनावल गइल आ ई 1970 में ISO 2108 में छपल। अमेरिकी लोग 9-अंक वाला SBN कोड के 1974 तक ले इस्तेमाल कइल। आइएसओ द्वारा इंटरनेशनल आइएसबीएन अथॉरिटी के एह काम खातिर नियुक्त कइल गइल कि ऊ पूरा दुनिया भर में आइएसबीएन के रजिस्ट्रेशन करी आ एकरा खातिर स्टैंडर्ड के निर्माण टेक्नीकल कमेटी 46/उपकमेटी 9 (TC 46/SC 9) के अधीन भइल। आइएसओ के ऑनलाइन सुबिधा खाली 1978 तक ले के किताबन के पहिचान उपलब्ध करावे ले एकरे पहिले के ना।

एसबीएन कोड के पाहिले "0" जोड़ के एकरा के आइएसबीएन बनावल जा सके ला, उदाहरण खातिर, किताब Mr. J. G. Reeder Returns के दुसरा संस्करण होडर प्रकाशन द्वारा 1965 में छपल आ एकर "SBN 340 01381 8" – 340 प्रकाशक के पहिचान, 01381 सीरियल नंबर, आ 8 जाँच संख्या हवे। एकरा के बदल के ISBN 0-340-01381-8 बनावल जा सके ला।

1 जनवरी 2007 से, आइएसबीएन सभ 13 अंक के हो गइल, ई फॉरमेट बुकलैंड यूरोपियन आर्टिकल नंबर EAN-13 सभ के साथ फिट बइठे ला।


इहो देखल जाय

नोट

संदर्भ

Tags:

आईएसबीएन इतिहासआईएसबीएन इहो देखल जायआईएसबीएन नोटआईएसबीएन संदर्भआईएसबीएन बाहरी कड़ीआईएसबीएनअंग्रेजी

🔥 Trending searches on Wiki भोजपुरी:

पिरेनीज परबतमौलाना मज़हरुल हक़ अरबी फ़ारसी विश्वविद्यालयकृष्णा नदीबुर्ज खलीफाअटल बिहारी वाजपेयीअज़रबैजानलखनिया दरीरवीन्द्र कुमार 'राजू'गाँवक्रेटर लेकउर्दूबिजनेससेक्सकामदेवदिल्ली चिड़ियाघरस्विट्जरलैंडरामभद्राचार्यजमानियाहंपीहिन्दुस्तान (अखबार)अनुच्छेद 370सोनम कपूरलालू प्रसाद यादवशाहजहाँमिर्जापुर मंडलनार्वेमहादीपकमला नदीकरेंसीभारतीय संविधान के आमुखरामईरानअस्तेयअसमिया भाषामोटू पतलूमदन मोहन मालवीयरोमानियासौर मंडलघनानंदशेखपुरा जिलाकुआरजंगलगौतम अडानीमुर्गी पालनग्रैंड कैनियनचाय2024 के भारतीय आम चुनाववेब ब्राउजरनदिया के पार (1982)पकवान (इस्टाइल)बिसुवत रेखागुलाबी सदाबहारहाजीपुरविद्यापतिविवेकानंदयूनानहनुमानजया प्रदाबुलबुलकृष्णमहुआ टीवीसैफ अली खानभीमराव अंबेडकररूस के यूक्रेन पर हमला, 2022सामाजिक भूगोलमहावीरशिकागोनर्मदा नदीबाराँ जिलामानव भूगोलयूनाइटेड किंगडमबिंबिसार🡆 More